गण्डक अस्पताल मे नारायणी कोरोना बिशेष अस्पताल आजु से चालु

वीरगंज ०८ जेठ,
साविक के गण्डक अस्पताल के नारायणी कोरोना बिशेष अस्पताल आजु से संचालन मे आईल बा ।
बीरगंज महानगर के ब्यवस्थापन मे कोरोना बिशेष अस्पताल नारायणी अस्पताल के शाखा के रुप मे संचालन मे आईल बा ।
सिद्धार्थ मावि मे बनावल गईल सेमीआइशोलेसन वार्ड मे राखल २५ जने संक्रमित के आजु दिन के करिब १२ बजे नारायणी कोरोना बिशेष अस्पताल मे सिफ्ट कईल बा ।
गण्डक अस्पताल मे, नारायणी अस्पताल के शाखा के रुप मे संचालन मे आईल ५० शैय्या के कोरोना बिशेष अस्पताल महानगर भा आउर कउनो स्थानीय तह से ब्यवस्थान कर्यल पहिलका अस्पताल ह ।
उ अस्पताल मे १० सैया के आईसियु वेड भी सञ्चालन मे लियावल गईल बा ।
गण्डक अस्पताल के संचालक रहबर अंसारी आ महागरपालिका के मेयर बिजय सरावगी के विशेष समन्वय आ सहजोग मे कोरोना भाइरस के संक्रमण बिरुद्ध संघर्ष कर रहल मरेजीलोग के खातिर सुविधा सम्पन्न आइसोलेशन अस्पताल सञ्चालन मे आईल बा ।
बीरगंज महानगर के प्रमुख बिजय कुमार सरावगी अस्पताल संचालन के बिषय मे लेहल अडान आ कईल पहलकदमी नागरिक के पक्ष मे रहे ।
उ अडान दुरगामी रहे कहके बात के पुष्टि त बीरगंज मे आउर आइसोलेशन निर्माण के खातिर संघ सरकार के टोली से कईल भ्रमण से भी पुष्टि कईले बा ।
नारायणी अस्पताल के चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह के संयोजन मे नारायणी अस्पताल के शाखा के रुप मे गण्डक अस्पताल मे कोरोना संक्रमित के ईलाज सुरु कईल बा ।
कोरोना बिशेष अस्पताल मे ४ जने चिकित्सक, पाँच जने स्टाफ नर्स, २ जने स्विपर आ आउर दु जने करके १३ जने के टिम बनाके डियुटी सुरु कईल संयोजक डा. सिंह बतवनी ।
उ अस्पताल मे जरुरी पडला पर फिबर क्लििनक आ आकस्थिमक विभाग भी संचालन करे सकेके डा. सिंह बतवनी ।
गण्डक अस्पताल के कोरोना विशेष अस्पताल बनावे के बारे मे वीरगंज महानगर से कईल सम्झौता कार्वान्वयन ना करावे खातिर अनेकन चलखेल भईला पर भी आजु से अस्पताल सञ्चालन करावे मे सफल भईल महानगर के मेयर विजय सरावगी बतवनी ।






