ठुटेखोला पुल सञ्चालन के खातिर खोजल गईल नयाँ विकल्प

वीरगंज १० जेठ।

वीरगंज–ठोरी हुलाकी सडक खण्ड अन्तर्गत ठुटेखोला मे बनल पुल सञ्चालन के खातिर विकल्प खोजल गईल बा ।

भारतीय पक्ष के अवरोध के चलते तीन बरीस पहिले से सञ्चालन मे आवे ना सकल पुल सञ्चालन के खातिर विकल्प खोजल गईल बा ।

पर्सा के ठोरी गाँवपालिका २ आ ३ जोडेवाला पुल सञ्चालन के खातिर भारतीय पक्ष से प्रयोग करत आ रहल दु गो कुलो मे कलभर्ट बनाके पुल सञ्चालन करेके निकास निकालल गईल बा ।

शनिचर के दिने ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ मे बईठल सरोकारवाला पक्षसब के भेला से निर्माण कम्पनी के कलभर्ट निर्माण के खातिर सहमति देहले बा ।

एकरा से पहिले भारतीय पक्ष नेपाली भूमि प्रयोग करके उपभोग करत आ रहल कुलो भरके मात्र पुल सञ्चालन मे लियावे के अडान स्थानीयलोग राखत आईल रहलन ।

माकिर भारतीय पक्ष कुलो भरे ना देहला के चलते पुल सञ्चालन मे आवे ना सकल रहे ।

जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के उपप्रमुख ठाकुरप्रसाद न्यौपाने, गाँवपालिका के उपाध्यक्ष शान्तिमाया थिङ, वार्ड नं १, २ आ ३ के वार्ड अध्यक्षलोग, पार्टी प्रतिनिधिलोग, हुलाकी सडक के प्रतिनिधिलोग, सुरक्षाकर्मी सहभागी बईठक से पुल सञ्चालन के विकल्प खोजल वार्ड २ के अध्यक्ष किशोर तामाङ जानकारी देहनी ।

पुल सञ्चालन मे लियावे खातिर सरकार गम्भीर ना बनला पर स्थानीय सरोकारवालालोग तत्काल के खातिर विकल्प खोज के पुल सञ्चालन अगाडि बढावे के निर्णय भईल उ बतवनी ।

पुल सञ्चालन मे लियावे खातिर सरोकार पक्ष विकल्प देहला के चलते एक हप्ता भितर कलभर्ट निर्माण के काम अगाडि बढावे के हुलाकी सडक निर्माण के जिम्मेवारी मिलल ठेकेदार कम्पनी के प्रतिनिधि उद्धव न्यौपाने बतवनी ।

अमर एन्ड मृत संजीवनी कम्पनी ६ करोड ९७ लाख २१ हजार रोपेया मे ४ गो स्पान रहल १ सय २ मिटर लम्हर आ ७ दशमलव २ मिटर चौडाइ के पुल निर्माण कईले बा ।

नवनिर्मित पुल के पूर्व ओरी के किनारा मे भारतीय पक्ष बरीसो से २ गो कुलो सिञ्चाइ के खातिर प्रयोग करत आईल रहलन ।

भारतीय पक्ष नेपाली भूमि मे बहेवाला ठुटे खोला मे अस्थायी बाँध बना के बरीसो से २ गो कुलो सिञ्चाइ के खातिर प्रयोग करत आवत रहलन ।

पुल सञ्चालन मे लियावे खातिर कि त उ दुनु कुलो भरेके पडि कि त कलभर्ट बनावेके पडि ।

माकिर भारतीय पक्ष कुलो भरके एप्रोच सडक बनावे ना देहलन ।

नेपाली पक्ष भी कलभर्ट राख के पुल सञ्चालन ना करेके अडान मे रहला पर तीन बरीस से पुल सञ्चालन मे आवे नइखे सकल ।

एप्रोच सडक बनावे खातिर सहमति होखेके लक्षण ना देखल गईला के बाद ठेकेदार कम्पनी उ जगहा मे काम ना करके छोडले रहे ।

पुल के आड मे हि दु गो कुलो सञ्चालन करे देहला पर पुल जोखिम मे पडेके कहत कुलो भरके एप्रोच रोड बनावेके नेपाल पक्ष के अडान बा ।

भारतीय पक्ष पुल के निचे से सिञ्चाई के विकल्प खोजे खातिर नेपाली पक्ष निहोरा कईले रहे ।

माकिर भारतीय पक्ष उ सुझाव के बेवास्ता करत आपन अडान ना छोडला पर समस्या आईल बा ।

सीमा विवाद ना ओरईला पर भारतीय पक्ष कुलो के मुहान रहल आ अभी पुल बनल जगहा के भी आपन जमिन कहत एकरा से पहिले पुल निर्माण करेके आ विद्युत विस्तार मे भी समस्या खडा करत आईल बा । माकिर अभी उ जगहा मे सीमा विवाद अन्त्य भइल बा ।
पुल सञ्चालन मे आवे ना सकला पर खास करके वर्षात के समय मे इहाँ के आदमीसब जोखिम सहके सवारी साधन चलावे के बाध्यता रहल बा ।

वर्षात के समय मे आवेवाला बाढ से जिल्ला सदरमुकाम वीरगंज सँगे के सडक सम्पर्क टुटला पर खास करके वार्ड नम्बर १ आ २ के बासिन्दा बहुते समस्या भोगत आईल बाडन ।

वर्षात के समय मे केहु बेमार भईला पर, सर्पदंश के घटना भईला पर अस्पताल तक पुगावे मे भी समस्या हो रहल स्थानीयबासी बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।