बारा मे किट के कमी से कोरोना परीक्षण मे समस्या

बारा ११ जेठ

बारा जिल्ला मे किट के कमी भईला से सम्भावित कोरोना संक्रमित के परीक्षण मे समस्या भईल बा ।

पिछिलका समय संक्रमित के संख्या बढत गईल माकिर स्वाब संकलन करेवाला बरतन (भीटीएम) आ पीसीआर किट के कमी भईला पर परीक्षण मे देरी भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।

प्रजिअ पण्डित पर्याप्त किट उपलब्ध ना भईल आ परीक्षण कईल जरुरी ना भईल आदमी भी परीक्षण के खातिर निहोरा कईला मे फेसबुक मे स्टाटस लिख के असन्तुष्टि जनवनी ।

उ प्रहरी कार्यालय के सिपाही मे कोरोना संक्रमण देखल गईला पर भी सुरक्षा निकाय के प्रमुखलोग के परीक्षण करावे ना सकल बतवले बानी ।

पिछिलका समय जिल्ला मे संक्रमित के संख्या अचानक बढला पर भी उलोग के सम्पर्क मे आईललोग के परीक्षण मे देरी भईल प्रजिअ पण्डित बतवनी ।

“संक्रमित मिलल क्वारेन्टाइन मे रहल आदमीसब के भी परीक्षण करावे नइखे सकल गईल” कहके बतवनी ।
प्रजिअ पण्डित के मुताविक तत्काल के खातिर एक हजार थान किट के जरुरत रहल बा ।

जिल्ला के अनेकन १६ जगहा मे बनावल गईल ३३ गो क्वारेन्टाइन मे अभी भी ६०४ जने आदमी रहल बाडन ।

क्वारेन्टाइन मे रहल अधिकांश भारत से फिर्ता होके आईललोग बाडन ।

क्वारेन्टाइन मे दु हप्ता से बेसी समय रहला पर भी उलोग के परीक्षण ना करके घर पठईला पर आउर जोखिम बढे सकेके अवस्था रहल उ बतवनी ।

प्रजिअ पण्डित कहनी कि, “शुक के दिने एके दिन सिम्रौनगढ क्वारेन्टाइन मे रहल छ जने आदमीसब मे संक्रमण पुष्टि भईल ।

एकरा से का देखाई कि क्वारेन्टाइन मे रहल आदमीसब के परीक्षण करावल जरुरी बा ।”

दु हप्ता रहला पर भी बोखार मात्र नापके पठइला पर समुदाय मे जोखिम बढी । क्वारेन्टाइन मे रहल मेसे ६४४ जने घर फिर्ता भईल बाडन ।

संक्रमित के सम्पर्क मे रहल पाँच जने जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के आइसोलेसन मे बाडन । उलोग के वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल से परीक्षण कईल बा ।

प्रजिअ पण्डित के मुताविक बारा मे अभी तक १२ जने संक्रमित मेसे कलैया अस्पताल के आइसोलेसन मे ९ जने ईलाज करा रहल बाडन ।

एक जने वीरगंजस्थित नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल मे ईलाज करा रहल बाडन ।

दु जने शनिचर के दिने मात्र नारायणी से ठिक होके डिस्चार्ज भईल बाडन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय के मुद्दा शाखा मे कार्यरत एक जने पुलीस जवान मे संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनकर सम्पर्क मे आईल २५ जने सुरक्षाकर्मी बालमन्दिर के आइसोलसेन मे रहल प्रजिअ पण्डित बतवनी । उलोग के परीक्षण हो चुकल बा ।

उनका मुताविक बारा जिल्ला मे ४१३ जने के पीसीआर आ ३१६ जने के आरडीटी परीक्षण कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।