एके दिन ४३ जने संक्रमित ठिक भईला पर डिस्चार्ज, नारायणी अस्पताल फेनु जेनरल अस्पताल बनी

वीरगंज १२ जेठ

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के आईसोलेसन मे रहल कोभिड–१९ के ४३ जने संक्रमित आजु सँझिया ठिक होके घर गईल बाडन ।

दु जने पत्रकार सहित ४३ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके डिस्चार्ज भईल अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन कुमार उपाध्याय जानकारी देहनी ।

मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. उपाध्याय के मुताविक १ जनानी सहित ४३ जने के पिछिलका दु रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद डिस्चार्ज कईल बा ।

नारायणी अस्पतालस्थित पीसीआर ल्याब के रिपोर्ट मुताविक दुसरका बेर भी रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद सभी जने के डिस्चार्ज कईल अस्पताल के चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह बतवनी ।

डिस्चार्ज होखेवाला मे पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका मे घर भईल २८ जने, पर्सा के छिपहरमाइ गाँवपालिका के ७ जने, पर्सा के धोबीनी गाँवपालिका के ६ जने, सर्लाही के १ आ भारत के १ जने नागरिक रहल बाडन ।

आइसोलेसन मे रहल सभी संक्रमित ठिक होके घर गईला के बाद सोमार से नारायणी अस्पताल कोरोना संक्रमित से मुक्त भी भईल बा ।

अब थपाएवाला नयाँ संक्रमित के नारायणी अस्पताल के मातहत मे रहल गण्डक हस्पिटल मे सन्चालित विशेष कोरोना अस्थायी अस्पताल मे राखेके उ बतवनी ।

दु पत्रकार सहित ४३ जने कोरोना के जित के घर जाएके तइयारी मे रहल लोग के स्वागत एवं सम्मान करे पुगल वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय कुमार सरावगी नारायणी के सभी संक्रमितलोग डिस्चार्ज भईल बाडन, अब नारायणी मे फेनु जेनरल सेवा सुचारु होखेके बतवनी ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय भी नारायणी अस्पताल के आइसोलेस मे ईलाज करा रहल सभी संक्रमितलोग डिस्चार्ज भईला के बाद बन्द रहल सभी सेवा सुचारु करेके निर्देशन भी देहला से तीन दिन भितर नारायणी अस्पताल फेनु जेनरल अस्पताल होखेके बतवनी ।

एकरा सँगे वीरगंज के गण्डक अस्पताल (कोरोना विशेष अस्पताल) मे २८ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।