आउर ९० जने मे कोरोना संक्रमण संक्रमित के संख्या ७७२ पुगल

काठमाण्डु १३ जेठ
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ९० जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे संक्रमित के कुल संख्या ७७२ पुगल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा के मुताविक राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला, टेकु मे कईल परीक्षण मे ३५ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
महोत्तरी के मनरा गाँवपालिका–१० के ३० आ ३५ बरीस के पुरुष, जुम्ला घर भईल बारा मे कार्यरत ३५ आ ३६ बरीस के पुरुष आ बारा के पचरौता–१ के पिपरपट्टी मावि के क्वारेन्टाइन मे रहल १९, ३० आ ३५ बरीस के पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे रौतहट मे २२ संक्रमित थपाईल बाडन । सदरमुकाम गौर मे पहिलका बेर कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
गौर नागरपालिका के ७ पुरुष आ एक जनानी मे संक्रमण देखल गईल बा । उलोग ४ से ४० बरीस उमिर समूह के बाडन ।
एहितरे देवाही गोनाही नगरपालिका के ६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग १८ से १४ बरीस के बाडन ।
एहितरे अरुणिया १ आ ४ के ६ जने, जे २६ से ४८ बरीस के बाडन, उलोग के भी रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
राजदेवी नगरपालिका मे २२ बरीस के पुरुष आ गडुरा नगरपालिका के एक २४ बरीस के पुरुष मे संक्रमण देखल गईल बा ।
एहितरे सिराहा के नवराजपुर गाँवलिकाका १८ बरीस के पुरुष, भगवानपुर गाँवपालिका के ४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग २५ से २९ बरीस के पुरुष बाडन ।
एहितरे धनुषा के मुखियापट्टी मुसहरनिया गाँवपालिका के २२ बरीस के पुरुष के रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल बा । उ कोरोना अस्पताल, जनकपुर मे ईलाज करा रहल बाडन ।
एहितरे कपिलवस्तु के यशोधरा गाँवपालिका १, २ आ ८ के २४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमित मेसे एक दु बरीस के लइकी भी बाडि आ आउर १९ से ५५ बरीस के बाडन ।
अनिरुद्र मावि मे संकलन कईल उलोग के थ्रोट स्वाब राप्ती स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, दाङ मे परीक्षण कईल रहे ।
बाँके मे ८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
भेरी अस्पताल मे कईल परीक्षण मे नेपालगंज उपमहानगरपालिका–२ के २२ बरीस के पुरुष, डडुवा–१ के २० बरीस के पुरुष, डडुवा–२ के २१, ३६ आ ४० बरीस के पुरुष, राप्ती सोनारी–३ के ४६ बरीस के पुरुष, राप्ती सोनारी–९ के ३८ बरीस के पुरुष आ बैजनाथ–३ के ३० बरीस के पुरुष मे संक्रमण देखल गईल बा ।
रुपन्देही के प्रादेशिक प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
प्रादेशिक प्रयोगशाला से एकर जानकारी देहल गईल रहे ।
कपिलवस्तु मायादेवी—७ के २२ आ ५० बरीस के पुरुष, अर्घाखाँची के पाणिनी गाँवपालिका के १९ आ ४३ बरीस के, गुल्मी धुर्कोट के २ पुरुष आ रुपन्देही अस्पताल के २२ बरीस के पुरुष बाडन ।
सेती प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे कैलाली आ अछाम के एकएक जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
पोखरा मे कईल परीक्षण मे स्याङ्जा बालिङ के २० आ २९ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग चार दिन पहिले भारत से आईल रहे ।
एहितरे सुर्खेत मे कईल परीक्षण मे १२ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
उलोग मेसे वीरेन्द्रनगर के ८ जने बाडन । उलोग ९ से ४६ बरीस उमिर समूह के बाडन ।
एहितरे भेरी गंगा के १६ आ १७ बरीस के पुरुष तथा सिम्टा के ३५ आ ४९ बरीस के पुरुष के रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल स्वास्थ्य जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
एकरा सँगे नेपाल के कुल संक्रमित के संख्या ७७२ पुगल बा । उलोग मेसे ४ जने के मृत्यु भईल बा आ १५५ जने ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन ।






