कोरोना के सामना लुकाके ना लडके कईल जाई : मुख्यमन्त्री पौडेल

हेटौँडा, १४ जेठ

वाग्मती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल कोरोना से डरा के दुवारी बन्द करेके भा लुकाके मात्र ना होखेके कहत ओकरा विरुद्ध लडेके आ सामना करके अगाडि बढेके नीति लेवेके बतवले बानी ।

प्रदेशसभा के आजु के बईठक मे उ प्रदेश सरकार से प्रस्तुत कईल नीति तथा कार्जक्रम उपर उठल सवाल तथा जिज्ञासा के जवाफ देत कोरोना विरुद्ध के लडाइ मे आउर प्रदेश के बराबरी मे ई प्रदेश मे बहुते काम भईल बतवनी ।

अभीतक मिलल कोरोना सङ्क्रमित के विवरण मुताविक वाग्मती प्रदेश मे कम सङ्क्रमित मिलल कहत उ बेसी जनसङ्ख्या तथा सङ्घीय राजधानी भी इहे प्रदेश मे रहला पर भी सङ्क्रमित के सङ्ख्या कम भईला मे सरकार के सक्रियता आ क्रियाशीलता मुख्य कारक भईल बतवनी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल कोरोना के कहर कम करे खातिर प्रदेश सरकार स्थानीय तह मार्फत रु ३० करोड खर्च कईल आ जरुरी भईला पर आउर रोपेया पठावे सकेके बतावत रोपेया जरुरी होखेके स्थानीय तह से काथि खातिर आ केतना रोपेया चाहिं कहके स्पष्ट योजना लिअईला पर प्रदेश सरकार रोपेया उपलब्ध करावेके प्रतिवद्धता व्यक्त कइनी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के खातिर सरकारद्वारा प्रस्तुत नीति तथा कार्जक्रम से प्रदेश मे अँजोर लियावे के दाबी कइनी ।

“नीति तथा कार्जक्रम मे एगो भी बुँदा ओईसन नइखे, जउना के चलते केहु के मन ना छुवो”, कहके बतवनी ।

प्रदेशसभा सदस्य से उठावल पिसीआर परीक्षण के दायरा बढावेके पडल कहके सुझाव मे पौडेल प्रदेश मे प्रतिसङ्क्रमित २२५ के दर से पिसीआर परीक्षण होरहल तथा चिकित्सक के शङ्का लागल भा सङ्क्रमित के ‘कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ’ (सङ्क्रमित सँगे के सम्पर्क मे रहललोग के खोजी) के आधार मे जरुरी सभी के परीक्षण होरहल जानकारी देहनी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल विकास निर्माण आ मर्मतसम्भार के खातिर द्रुतकार्य करे खातिर जरुरी साधन सहित के कम्पनी जरुरी पडला से सरकार प्रदेश पूर्वाधार विकास कम्पनी स्थापना करेके नीति लेहल स्पष्ट कइनी ।

सभा मे १५ जने प्रदेशसभा सदस्य सरकारद्वारा प्रस्तुत नीति तथा कार्जक्रम के पक्ष आ विपक्ष मे आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

एहितरे प्रदेशसभा सदस्य रमेश पौडेल, निमा लामा, प्रभात तामाङ, पुकार महर्जन, सन्तबहादुर प्रजा, राधा घले, जीवन डङ्गोल, रीता माझी, रिना गुरुङ आ शोभा शाक्य अनेकन सात बुँदा मे संशोधन के प्रस्ताव प्रस्तुत कईला मे प्रदेशसभा से ओकरा के बहुमत से अस्वीकृत कईले रहे ।

आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के खातिर प्रदेश सरकारद्वारा प्रस्तुत नीति तथा कार्जक्रम के प्रदेशसभा से बहुमत से पारित कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।