रेडियोधर्मी पदार्थ के नियमन सम्बन्धी विधेयक स्वीकृत

काठमाण्डु १४ जेठ
प्रतिनिधिसभा के आजु के बइठक से राष्ट्रियसभा से संशोधन सहित मिलल ‘रेडियोधर्मी पदार्थ के उपयोग नियमन सम्बन्धी विधेयक, २०७६’ स्वीकृत कईले बा ।
शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधिमन्त्री गिरिराजमणि पोखरेल उ विधेयक के संशोधन उपर विचार होखो कहके प्रस्तुत कईल प्रस्ताव बईठक से बहुमत से स्वीकृत कईले बा ।
एकरा से पहिले संशोधन उपर के छलफल मे उठल विषय मे जवाफ देत मन्त्री पोखरेल विकीरण से उत्पन्न जोखिम न्यूनीकरण करे खातिर बहुते जरुरी भईल आ पारामाणिक पदार्थ के नियमन तथा रेडियोधर्मी पदार्थ के सुरक्षा, अनुसन्धान आ नियमन के खातिर अन्तर्राष्ट्रिय प्रतिबद्धता के भी ध्यान देके विधेयक लियावल बतवनी ।
संशोधन उपर के छलफल मे भाग लेत सांसद प्रेम सुवाल उ विधेयक गम्भीर महत्व के भईला से विस्तृत छलफल के बाद मात्र पास करे खातिर निहोरा कइनी ।
सांसद दिव्यमणि राजभण्डारी कोरोना जोखिम मे विश्व पर रहल सन्दर्भ मे अभी ओईसन विधेयक प्राथमिकता मे ना पडेके बतवनी ।
दु प्रतिवेदन पेश
बईठक मे कानून, न्याय तथा मानव अधिकार समिति के सभापति कृष्णभक्त पोखरेल ‘कानून, न्याय तथा मानव अधिकार समिति के वार्षिक प्रतिवेदन, २०७७’ आ शिक्षा तथा स्वास्थ्य समिति के सभापति जयपुरी घर्ती ‘मदन भण्डारी विज्ञान तथा प्रविधि विश्वविद्यालय विधेयक सम्बन्धी समिति के प्रतिवेदन, २०७६’ पेश कईले रहनी ।
प्रतिवेदन पेश करत सभापति पोखरेल जनता के शक्ति के स्रोत मानेवाला किसिम के शासकीय स्वरूप होखेके सुझाव देहनी ।
उ समिति से देहल सुझाव आ निर्देशन से समृद्ध नेपाल निर्माण मे सहजोग पुगेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
एहितरे सङ्घीय संसद् सचिवालय के सचिव गोपालनाथ योगी ‘नेपाल विशेष सेवा विधेयक, २०७६’ के सम्बन्ध मे राष्ट्रियसभा से मिलल सन्देश सहित के विधेयक प्रतिनिधिसभा मे टेबुल कइनी ।






