प्रिमनसुन के प्रभाव : तीन दिन मेघगर्जन, आँधी सहित वर्षात के सम्भावना

काठमाण्डु १४ जेठ

प्रिमनसुन के प्रभाव से आवेवाला तीन दिन काठमाण्डु उपत्यका सहित देश के अधिकांश भूभाग मे वर्षात के सम्भावना रहल बा ।

प्रिमनसुन सक्रिय भईला से देशभर मेघगर्जन, आँधी टाडका सहित वर्षात के सम्भावना रहल मौसमविद् राजु प्रधानाङ्ग बतवनी ।

उ कहनी कि, “प्रिमसुन के प्रवृत्ति दिन मे घाम लागेके आ दुपहरिया तथा सँझिया मेघगर्जन सहित क्षणिक वर्षात होखेला ।”

अङ्ग्रेजी महिना मार्च, अप्रिल आ मे तक तीन महिना प्रिमनसुन चलेवाला भईला से देश के पहाडी भूभाग के मौसम दुपहरिया तथा सँझिया लगातर प्रभावित हो रहल बा ।

आवेवाला तीन दिन दुपहरिया तथा सँझिया मौसम बदली होके वर्षात होखेके बतावल गईल बा ।

आ आबदला वर्षात के देखला पर मनसुन सक्रिय भईल जईसन लागला पर भी ई मनसुन ना होके प्रिमनसुनी गतिविधि रहल मौसमविद् के कहनाम बा ।

सामान्यतया नेपाल मे जुन १० से मनसुन शुरु होखेला । मनसुन आवेमे अभी १३ दिन बाँकी रहल बा ।

अभी देश के पहाडी भूभाग मे आंशिक बदली रह के बाँकी भूभाग मे मौसम सामान्यतया सफा रहल बा ।

दिनके देश के पूर्वी भूभाग तथा मध्य पहाडी भूभाग के कुछ जगहा के साथे पश्चिमी पहाडी भूभाग के एक दु जगहा मे दुपहरिया से मेघगर्जन, हावाहुरी टाडका सहित वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।

रात के देश के पूर्वी तथा मध्य भूभाग मे कुछ जगहा के साथे पश्चिमी पहाडी भूभाग के एक दु जगहा मे मेघगर्जन, हावाहुरी टाडका सहित वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।

बियफे के दिने देश के पश्चिमी भूभाग के कुछ जगहा आ मध्य तथा पूर्वी पहाडी भूभाग के एक दु जगहा मे मेघगर्जन, हावाहुरी टाडका सहित वर्षात के सम्भावना रहल महाशाखा जनवले बा ।

शुक के दिने देश के पहाडी भूभाग मे सामान्य बदली रह के बाँकी भूभाग मे आंशिक बदली होके पूर्व आ पश्चिमी भूभाग के कुछ जगहा मे मेघगर्जन, आँधी सहित वर्षात के सम्भावना रहल बा ।

महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम १५ दशमलव ३ डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २९ दशमलव ३ डिग्री सेल्सियस रहे ।

आजु सबसे कम जुम्ला के न्यूनतम तापक्रम ७ दशमलव ४ डिग्री आ सब से बेसी नेपालगञ्ज के अधिकतम तापक्रम ४१ दशमलव ३ डिग्री सेल्सियस रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।