आवेवाला आव के बजेट रु १४ खरब ७४ अरब ६४ करोड

काठमाण्डु १५ जेठ

सरकार आवेवाला आर्थिक बरीस के खातिर रु रु १४ खरब ७४ अरब ६४ करोड प्रस्तुत भईल बा ।

सङ्घीय संसद् के संयुक्त बईठक मे आजु बजेट प्रस्तुत करत अर्थमन्त्री डा युवराज खतिवडा उ रोपेया विनियोजन कईल बतवनी ।

बितल बरीस चालू आव के खातिर रु १५ खरब ३२ अरब ९६ करोड ७१ लाख के बजेट पेश भईल रहे ।

कूल वार्षिक विनियोजन मेसे चालू ओरी रु ९ खरब ४८ अरब ९४ करोड अर्थात् ६४ दशमलब ४ प्रतिशत, पूँजीगत ओरी ३ खरब ५२ अरब ९१ करोड अर्थात् २३ दशमलव ९ प्रतिशत बा ।

एहितरे वित्तीय व्यवस्थापन ओरी रु एक खरब ७२ अरब ७९करोड अर्थात् ११ दशमलव ७ प्रतिशत बा ।

आवेवाला आव के खातिर अनुमान कईल खर्च व्यहोरेवाला स्रोत मेसे राजस्व से रु आठ खरब ८९ अरब ६२ करोड आ वैदेशिक अनुदान से रु ६० अरब ५२ करोड व्यहोरला पर रु पाँच खरब २४ अरब ५० करोड कम होखी ।

उ कमी पूर्ति करे खातिर वैदेशिक कर्जा से रु दु खरब ९९ अरब ५० करोड जुटावे के अर्थमन्त्री बतवनी । एहितरे आन्तरिक कर्जा से रु दु खरब २५ अरब स्रोत व्यवस्थापन कईल जाई ।

एहितरे चालू आर्थिक बरीस के बराबरी मे आवेवाला आव के बजेट रु ५८ अरब ३२ करोड ७१ लाख से घटल बा ।

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) नेतृत्व के सरकार के अर्थमन्त्री डा खतिवडा ई बेर तिसरका बजेट प्रस्तुत कईले बानी । बजेट मे कोरोना के कहर नियन्त्रण से आर्थिक समृद्धि के कार्जक्रम के निरन्तरता देहल गईल बा ।

आव २०७५÷७६ मे कूल रु १३ खरब १५ अरब १६ करोड के बजेट पेश कईले रहनी । उ बजेट मे आर्थिक वृद्धिदर ८ प्रतिशत होखेके अनुमान कईल रहे ।

मुद्रास्फीति के ६.५ प्रतिशत मे सीमित करेके लक्ष्य राखल उ आव के बजेट मे चालू खर्च ६४.३ प्रतिशत, पूँजीगत खर्च ३२.९ आ वित्तीय व्यवस्था ओरी ११.८ प्रतिशत बजेट विनियोजन कईल रहे ।

एहितरे चालू आव मे आर्थिक वृद्धिदर ८.५ प्रतिशत होखेके अनुमान कईल रहे । कोरोना कारण आर्थिक वृद्धिदर कम होखेके २.३० प्रतिशत मे होखेके प्रक्षेपण कईल बा ।

चालू आव के बजेट मे चालू खर्च ६२.४ पूँजीगत खर्च २६.९ प्रतिशत आ वित्तीय व्यवस्था ओरी ११ प्रतिशत के व्यवस्था कईल रहे । एहितरे आवेवाला आव मे रु १४ खरब ७४ अरब ६४ करोड के बजेट प्रस्तुत कईल अर्थमन्त्री कोरोना से लडत सात प्रतिशत के आर्थिक वृद्धि होखेके लक्ष्य रखले बानी ।

एहितरे मुद्रास्फीति सात प्रतिशत मे सीमित करेके लक्ष्य राखल बा । चालू आव के बराबरी मे आवेवाला आव मे बजेट ३.८ प्रतिशत से घटल बा ।

आवेवाला आव के खातिर अनुमान कईल खर्च व्यहोरेवाला स्रोत मेसे राजश्व से रु आठ खरब ८९ अरब ६२ करोड आ वैदेशिक अनुदान से रु ६० अरब ५२ करोड व्यहोरला पर रु पाँच खरब २४ अरब ५० करोड कम होखी ।

उ कमी पूर्ति करे खातिर वैदेशिक कर्जा से रु दु खरब ९९ अरब ५० करोड जुटावल जाई । राजश्व परिचालन आ वैदेशिक अनुदान तथा ऋण सहायता परिचालन कईला पर भी नपुग होखेवाला खुद रु दु खरब २५ अरब आन्तरिक ऋण से सहेके व्यवस्था कईल बा ।

चालू आव के कूल विनियोजना मेसे चालू ओरी रु ९ खरब ५७ अरब १० करोड १४ लाख अर्थात् ६२.४ प्रतिशत, पूँजीगत ओरी रु चार खरब आठ अरब ५९ लाख अर्थात् २६.६ प्रतिशत आ वित्तीय व्यवस्था ओरी रु एक खरब ६७ अरब ८५ करोड ९८ लाख अर्थात् ११ प्रतिशत रहल रहे ।

चालू आव के खातिर अनुमान कईल खर्च मेसे राजश्व से रु ९ खरब ८१ अरब १३ करोड ८३ लाख, वैदेशिक अनुदान से रु ५७ अरब ९९ करोड ५५ लाख व्यहोरला पर रु चार खरब ९३ अरब ८३ करोड ३३ लाख कम होखेके उल्लेख रहे । उ कमी पूर्ति करे खातिर वैदशिक ऋण से रु दु खरब ९८ अरब ८३ करोड ३३ लाख जुटावल जाई ।

राजश्व परिचलान आ वैदेशिक अनुदान तथा ऋण सहायता परिचालन कईला पर भी नपुग होखेवाला खुद रु एक खरब ९५ अरब आन्तरिक ऋण से बेहोरेके व्यवस्थापन कईल रहे ।

अर्थमन्त्री कूल ३२८ बुँदा मे बजेट प्रस्तुत कईले रहनी आ आवेवाला आव के बजेट ३४२ बुँदा मे समेटल बा ।

आव २०७३÷७४ मे कूल रु १० खरब ४२ अरब, आव २०७४÷७५ मे कूल रु १२ खरब ७८ अरब के बजेट लियावल रहे । हरेक बरीस बजेट के आकार बढत गईल सन्दर्भ मे ई बेर कोरोना से सिर्जना कईल विषम अवस्था के ख्याल करके बजेट कुछ कम लियावल गईल बा ।

एहितरे चालू आव के बराबरी मे आवेवाला आव मे भौतिक पूर्वाधार ओरी के बजेट भी २४ अरब ७२ करोड से घटावल बा ।

चालू आव मे भौतिक पूर्वाधार ओरी रु एक खरब ३८ अरब ८० करोड बजेट विनियोजन कईल रहे । बितल बरीस उ मन्त्रालय के रु एक खरब ६३ अरब विनियोजन कईल रहे ।

एहितरे बितल बरीस के बराबरी मे स्वास्थ्य आ कृषि मे बजेट बढावल बा । कृषि के खातिर रु ४१ अरब ४० करोड विनियोजन कईल बा ।

बितल बरीस अर्थमन्त्री खतिवडा कृषि क्षेत्र के विकास के खातिर रु ३४ अरब ८० करोड बजेट विनियोजन कईले रहनी आ आव २०७५÷७६ मे रु २३ अरब ६२ करोड ९६ लाख ७१ हजार आ २०७४÷७५ रु २६ अरब ८२ करोड ९० लाख बजेट विनियोजन भईल रहे ।

एहितरे स्वास्थ्य क्षेत्र मे रु ९० अरब ६९ करोड बजेट विनियोजन कईल बा । चालू आव मे कूल रु ६८ अरब ७८ करोड विनियोजन कईल रहे ।

एहितरे कोरोना नियन्त्रण के खातिर रु छ अरब आ स्वास्थ्य पूर्वाधार के भी बजेट रु १२ अरब रहल बा । ई आधार मे स्वास्थ्य क्षेत्र के बजेट बढल बा ।

एहितरे शिक्षा मे आठ अरब बजेट बढल बा । चालू आव मे रु एक खरब ६३ अरब बजेट रहला मे आवेवाला आव मे रु एक खरब ७१ अरब बजेट विनियोजन कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।