ठोरी के ठुटेखोला पुल सञ्चालन मे भारतीय पक्ष कईलख अवरोध

मेघराज राय

जीराभवानी १५ जेठ

काल्हु से मात्र सन्चालन मे आईल ठोरी के ठुटेखोला पुल सञ्चालन मे भारतीय पक्ष फेनु अवरोध कईले बाडन ।

पुल के पुर्व ओरी से भारत ओरी जाएवाला सिंचाइ के एगो कुलो भरके सञ्चालन मे आईल पुल भारत के भारतीय सिमा सुरक्षा बल, बिहार प्रहरी आ सिमावर्ती स्थानीय भारतीय कुलो भस्कावे के खोजके पुल सञ्चालन मे अवरोध पुगावे के खोजले बाडन ।

आजु संझिया के समय भारतीय सुरक्षाकर्मी सहित उपस्थित भईल भारतीय पक्ष से काल्हु भरल कुलो भस्कावे के खोजला के बाद नेपाल ओरी के स्थानीय जनप्रतिनिधि आ सुरक्षाकर्मी भस्कावे ना देहला के बाद भारतीय पक्ष फिर्ता गईल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक दिपक दाहाल जानकारी देहनी ।

उपर के आदेश कहत कुलो भस्कावे आईल भारतीय पक्ष आ ठोरी के स्थानीयबीच कुछ देर भनाभन भी भईल उ बतवनी ।

ठोरी के स्थानीय भारतीय पक्ष हथियार सहित नेपाल आईल बतवला पर भी सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक दाहाल दसगजा भितर हि भारतीय सुरक्षाकर्मी रहल आ नेपाल प्रवेश कईललोग हथियार बिना हि प्रवेश कईल दाबी कइनी ।

ठोरी–२ के वार्ड अध्यक्ष किशोर तामाङ, नेपाल प्रहरी के प्रहरी निरीक्षक अशोक साह लगायत बहुते संख्या मे रहल नेपाली पक्ष कुलो भस्कावे ना देहला के बाद भारतीय पक्ष उपर के आदेश कहत कुलो सन्चालन करेके कहत कुछ देर बखेडा कईल प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।

नेपाली पक्ष कुलो भस्कावे ना देवेके अडान मे रहला के बाद भारतीय पक्ष अवेर के मात्र फिर्ता गईल रहलन ।

ठोरी वार्ड नं. २ आ ३ जोडेवाला पुल भारतीय के विवाद के चलते निर्माण पुरा भईला ३ बरीस से बेसी समय भईला पर भी सन्चालन मे आईल ना रहे ।

नेपाल के स्थानीय सरोकारवालालोग के बईठक से पुल संचालन करेके निर्णय कईला सँगे काल्हु से पुल सन्चालन मे आईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।