पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका– १ मे राहत बाँटल गईल

मेघराज राय
जीराभवानी १७ जेठ
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका लम्हर समय के बिबाद के बाद आजु राहत बाँटल गईल बा ।
जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर एक के महादेवपटि मे राहत बाँटल गईल बा ।
गाँवपालिका के उपाध्यक्ष उषा देवि थरुनी के विशेष पहल मे आजु राहत बाँटल गईल बा ।
राहत मे तीस किलो चाउर, आलु, पियाज, खाएवाला तेल, साबुन लगायत के सामानसब बाँटल गईल उपाध्यक्ष थरुनी जानकारी देहनी ।
राहत बाँटेके कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष थरुनी, युवा नेता नेसार समानी, नेकपा के नेता बिकाउ भण्डारी, रामसरन खवास, सुभनारायन पटेल, मनमोहन महतो, सत्रुधन ओझैया, रामाकान्त चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
राहत के बिषय के लेके जिराभवानी वार्ड नम्बर एक के स्थानीयलोग दु बेर गाँवपालिका घेराव भी कईले रहलन ।
उ वार्ड मे १५४० घरधुरी के राहत बाँटेके योजना रहल गाँवपालिका स्रोत जनवले बा ।





