एके दिन १८९ जने मे कोरोना पुष्टि : संक्रमित के संख्या १४ सय १ पुगल

काठमाण्डु १७ जेठ,
शनिचर के एके दिन १८९ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण पुष्टि भईल बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक ई सँगे संक्रमित के संख्या १४ सय १ पुगल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा अभी तक पीसीआर विधि से ६६ हजार सात सय २९ आ आरडीटी विधि से एक लाख ७ हजार ५५ जने के नमुना परीक्षण कईल बा । पि
२४ घण्टा मे पीसीआर विधि से २ हजार पाँच सय ७५ आ आरडीटी विधि से एक हजार पाँच सय ७७ जने के नमुना परीक्षण कईल बा ।
मन्त्रालय के मुताविक अभी तक एक हजार एक सय ७६ आइसोलेसन मे बाडन ।
शनिचर के दिने मात्र १३ जने डिस्चार्ज भईला सँगे कोरोना जितेवाला के संख्या ११९ पुगल बा । कोरोना जितल मेसे १७२ पुरुष आ ४७ जनानी बाडि ।
मन्त्रालय के प्रवक्ता देवकोटा के मुताविक राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला, टेकु मे भईल परीक्षण मे १ सय २४ जने के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल बा ।
शनिचर के केन्द्रीय प्रयोगशाला मे परीक्षण करावल मेसे कपिलवस्तु के ७७, धनुषा के ७, झापा १, ललितपुर १, महोत्तरी के ४ आ रौतहट ६, सर्लाही के १७ आ सिरहा के ११ जने के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल बा ।
प्रादेशिक प्रयोगशाला, रुपन्देही मे भईल परीक्षण मे ३६ जने के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल बा । जउना मे कपिलवस्तु के मात्र २९ जने बाडन ।
धरानस्थित बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे भईल परीक्षण मे सप्तरी के ९ जने के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल बा ।
राप्ती स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे भईल परीक्षण मे दाङ मे आठ जने के पोजिटिभ आईल बा ।
नारायणी अस्पताल वीरगंज मे भईल परीक्षण मे बारा के १ आ पर्सा के २ करके तीन जने के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल बा ।
कर्णाली स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे कईल परीक्षण मे १४ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ देखल गईल बा । उलोग दैलेख के हउवन ।
एहितरे विराटनगर के कोसी अस्पताल मे भईल परीक्षण मे संखुवासभा के २ जने के पोजेटिभ देखल गईल बा । जम्मा संक्रमित संख्या १४ सय एक पुगल बा ।
शनिचर के दिने कोरोना पोजिटिभ पुष्टि भईल मेसे १८५ पुरुष आ चार जनानी बाडि ।
मन्त्रालय के मुताविक प्रदेश नम्बर १ मे १ सय ६०, प्रदेश नम्बर २ मे पाँच सय ४७, बागमती प्रदेश मे ४५ आ गण्डकी प्रदेश मे २० जने संक्रमित बाडन ।
एहितरे प्रदेश नम्बर ५ मे ५४७, कर्णाली प्रदेश मे ६१ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे २१ जने करके १४ सय एक जने संक्रमित बाडन । संक्रमित भईल जिल्ला के संख्या ५३ पुगल बा ।






