बारा मे थपईलें तीन जने कोरोना संक्रमित

बारा १७ जेठ,
बारा मे शनिचर के दिने आउर तीन जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित के मुताविक सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ३ के १८ बरीस आ ३५ बरीस के तथा सुवर्ण गाँवपालिका के हर्दिया के एक पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ३ मे संक्रमण पुष्टि भईल दुनु आदमी भारत से आके किसुनपुरस्थित मदरसा क्वारेन्टिन मे रहत आईल रहलन ।
उ क्वारेन्टिन मे ३७ जने के पीसीआर परीक्षण कईल आ उ मेसे २ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल सिम्रौनगढ नगरपालिका के स्वास्थ्य प्रमुख भोजेन्द्र चोधरी जानकारी देहनी ।
बारा मे संक्रमित राख के ईलाज करेवाला आइसोलेसन कक्ष खाली ना भईला से उलोग के वीरगंजस्थित गण्डक कोभिड अस्पताल लेजाएके तइयारी हो रहल उ बतवनी ।





