भारतीय एसएसवी के रवैवा उपर नेपालीद्धारा विरोध प्रर्दशन

प्रभु यादव

बारा १८ जेठ

सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर १ नम्सगरा ढाट के दुवरदेवी माई के मन्दिर अगाडी दशगाज क्षेत्र मे भारतीय एसएसवी के बिरोध मे स्थानियलोग नाराबाजी कईले बाडन ।

वार्ड नम्बर २ के जगदिस साह के बेटा पवन गुप्ता एतवार के सबेरे ६ बजे दिदी रिनकु देवी साह के नेपाल भारत के दशगाजा मे छोड के फिर्ता आ रहल समय भारतीय एसएसवी पिटपाट करके मोतीहारी जेल चलान कईल बिराध मे वार्ड नम्बर १, २ मौयाही, बैरिया आ नमसागरा घाट के करिब ६ सय के हाराहारी मे रहल सर्वसाधारणलोग बिरोध प्रदर्शन कईल नेपाली काँग्रेस के जिल्ला कोषाध्यक्ष चन्द्रशेखर यादव बतवनी ।

निर्दोष पवन के रिहा कर, एसएसवी के ज्याजती बन्द कर, नेपाल आ भारत के सदभाव बिगारेके काम बन्द कर जईसन नाराबाजी करत प्रर्दशन कईले बाडन ।

पवन के रिहाई ना कईला पर कडा संर्घष करेके स्थानियलोग चेतावनी देहले बाडन ।

पवन आपन दिदी, भगिना, भगिनी सहित ४ जने के ढाका थाना चिरैया लगे हल ललबेगिया गाँव जाए खातिर उलोग के नेपाल आ भारत के नमसगरा ढाट के दशगाजा मे छोड के आवेके समय मे एसएसवी नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

दशगाजा मे सशस्त्र पुलीस आ एसएसवी बीच बितल तिन दिन से चर्काचर्की होत आईल उ भारतीय एसएसवीलोग नेपालीसब दशगाजा मे अईला पर कउनो मुद्धा मे फँसा के जेल पठावेके धम्की देत आईल नेका जिल्ला कोषाअध्यक्ष यादव बतवनी ।

एने भारतीय एसएसवी नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी आ स्थानियलोग बिच भईल छलफल के बाद एसएसवी पवन के छोडावे खातिर पहल करेके प्रतिवद्धता जनवला के बाद प्रर्दशन साम्य भईल नेता यादव बतवनी ।

ई बिषय मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पंडित मोतिहारी के डिएउम से उ बिषय मे बातचीत हो रहल बतावत आपन जिल्ला के नागरिक के सुरक्षा करे खातिर हमर कर्तब्य रहला से उ बारेमे पहल कर रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।