जनकपुर के क्वारेन्टाइन भितर भुख हड्ताल

जनकपुरधाम १९ जेठ
पडोसी देश भारत से नेपाल आके जनकपुरधाम स्थित क्वारेन्टाइन मे रहललोग भुख हड्ताल मे उतरल बाडन ।
क्वारेन्टाइन मे व्यवस्थित सिपटी, मोछड मारेवाला दवाई छिटेके, पौष्टिक खाना खियावेके, समय मे नास्ता, खाना आ धिकल पानी के व्यवस्थापन होखेके लगायत माग राख के उलोग भुख हड्ताल मे उतरल बाडन ।
जनकपुरधाम उप–महानगरपालिका गोपाल धर्मशाला स्थित बनावल गईल क्वारेन्टाइन मे रहललोग खुदसब के पशुतुल्य व्यवहार कईल कहत भुख हड्ताल मे उतरल जनवले बाडन ।
क्वारेन्टाइन मे सुरक्षा से खाना व्यवस्थापन ना भईला पर उलोग भुखे रहे से भी भुख हड्ताल मे उतरल उपयुक्त मानल जनकपुर ६ के निरज साह के कहनाम बा ।
निरज कहनी कि, “क्वारेन्टाइन निर्माण कईला पर भी सुरक्षा आ खानपिन के व्यवस्थापन ना भईला के बाद क्वारेन्टाइन मे रहललोग के विजोग भईल बा, क्वारेन्टाइन स्थल मानवीय आधारभूत आवस्यकता भी पुरा भईल नईखे, सञ्चार आ खानेपानी सरसफाइ के भी सामान्य सुविधा नइखे, कईसे क्वारेन्टाइन कईल जाई ?”
जनकपुर १७ के दीपक कुमार साह के सिकाईत बा, “क्वारेन्टाइन मे पिएवाला पानी के भी उचित व्यवस्थापन नइखे, समय मे खाना भी ना खियावल जाला, भुखे रहेके बाध्य होखे से भी भुख हड्ताल मे रहल बढिया बा, क्वारेन्टाइन मे रहल हमनी के आधारभुत जरुरत के ख्याल ना करे तक भुख हड्ताल मे रहेमसन् ।”
कोरोना के पोजिटिभ रिपोर्ट अइला से भी क्वारेन्टाइन मे सम्भावित संक्रमित सँगे राख के आउर जोखिम मे पारल कहत उलोग बिरोध जनवले बाडन ।
उ धर्मशाला के छोट कोठरी मे तीन जने खाना देके रहेके पडला पर आउर कोरोना के संक्रमण से भी क्वारेन्टाइन के अस्तव्यस्तला से जोखिम मे पडल बतवनी ।
जनप्रतिनिधिलोग आफन्तलोग के कउनो जानकारी विना हि लिया के होम क्वारेन्टाइन मे राखल आ पहुँच ना भईल आदमीसब के स्थानीय तह के क्वारेन्टाइन मे राखल स्थानीय राकेश विक्रम साह बतवनी ।





