कर्तव्य ज्यान उद्योग मुद्दा मे फरार युवक पकडईलें

जनकपुरधाम १९ जेठ

सिरहा मे पुलीस कर्तव्य ज्यान उद्योग मुद्दा मे फरार रहल एक युवक के पकडले बा । गाँव मे बादविवाद करेके समय मे उ पकडाईल बाडन ।

मिर्चैया नगरपालिका ३ रहेवाला २० बरीस के दीपा कहेवाला दीपनारायण यादव के पकडल गईल सिरहा पुलीस के प्रवक्ता विनोद घिमिरे बतवनी ।

यादव २०७४ साल वैशाख १० गते गाँव के ४७ बरीस के राजेन्द्र यादव के लाठी, भाला, फर्सा से ज्यान मारेके नियत से प्रहार कईल पुलीस के कहनाम बा ।

यादव गाँव घर मे वादविवाद करके शान्ति सुरक्षा मे खलल पुगारहल अवस्था मे सोमार के दिने इलाका प्रहरी कार्यालय मिर्चैया के टोली नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

नियन्त्रण मे लेहला के बाद उ कर्तव्य ज्यान उद्योग मुद्दा मे फरार आदमी रहल खुलल पुलीस के कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।