राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल शनिचर के दिने लहुदान कार्जक्रम करी
प्रभु यादव
बारा २० जेठ
बारा जिल्ला के सदरमुकाम कलैया मे जेठ २४ गते शनिचर के दिने राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल बारा लहुदान कार्जक्रम के आयोजना करेके जनवले बा ।
बारा उधोग बाणिज्य संघ के सभाहल मे आजु बईठल बईठक से उ निर्णय कईले बा । कार्जक्रम मे प्रमुख अथिती बलबिर चौधरी तथा युवा संघ बारा के संयोजक पुरुषोत्तम साह के अध्यक्षता मे बईठल कार्यसमिती के बईठक से कलैया स्थित भरत चौक मे सबेरे ७ बजे से सामाजिक दुरी कायम करके लहुदान कार्जक्रम आयोजना करेके निर्णय कईले बा ।
राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल बारा के संयोजक पुरुषोत्तम साह कहनी कि, “विश्व ब्यापी माहामारी आ नेपाल भी एकर चपेटा मे पडला से ब्लड बैंक मे खुन के कमी होत जा रहला से लहुदान कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।”






