एके दिन २८८ जने मे कोरोना संक्रमण, संक्रमित के संख्या २००० से बेसी

काठमाण्डु २० जेठ
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर २८८ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे नेपाल मे कुल संक्रमित के संख्या दु हजार ९९ पुगल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय से आयोजना कईल नियमित ब्रिफिङ मे प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा से देहल जानकारी मुताविक सबसे बेसी संक्रमित रौतहट मे ७४ जने थपाईल बाडन ।
धुलिखेल अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ३८ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । परोहा, गौर, राजदेवी नगरपालिका आ यमुनामाई गाँवपालिका उलोग ८ बरीस के लइकी सहित १३ से ६० बरीस के पुरुष बाडन ।
एहितरे राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला, टेकु मे कईल परीक्षण मे रौतहट ३६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग परोहा, राजदेवी नगरपालिका आ दुर्गाभगवती गाँवपालिका के क्वारेन्टिन मे बाडन आ १२ से ४८ बरीस के पुरुष हउवन ।
एहितरे सर्लाही के २१ मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । बलरा नगरपालिका आ ब्रम्हपुरी गाँवपालिका के क्वारेन्टाइन मे रहल उलोग १३ से ४० बरीस के पुरुष हउवन ।
सिराहा के १७ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । सूर्यनारायण सत्यनारायण मरबैता यादव बहुमुखी क्याम्पस के क्वारेन्टिन मे रहल उलोग १६ से ४२ बरीस के बाडन ।
धनुषा मे ६ जने आ महोत्तरी मे दु जने संक्रमित थपाईल बाडन । एहितरे सप्तरी रामघट के २० बरीस के पुरुष आ बारा देवताल के १८ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा । काठमाण्डु मे चार स्वास्थ्यकर्मी संक्रमित भईल बाडन ।
काठमाण्डु मेडिकल कलेज के दुवाकोटस्थित कोभिड अस्ताल मे कार्यरत दु जनानी आ एक पुरुष स्वास्थ्यकर्मी मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । मनमोहन कार्डियोथोरासिक भास्कुलर एण्ड ट्रान्सप्लान्ट सेन्टर के नर्स मे भी संक्रमित भईल बा ।
एहितरे भक्तपुर के एक जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । उ चाँगुनारायण नगरपालिका–३ के ३० बरीस के जनानी हई ।
परोपकार प्रसुती अस्पताल मे ईलाज करा रहल धादिङ घर भईल २३ बरीस के जनानी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । नुवाकोट मे भी दु संक्रामित थपाईल बाडन । म्यागङ के उलोग १७ आ ३२ बरीस के पुरुष हउवन ।
बाँके मे १७ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन । खजुरा, नरैनापुर, राप्ती सोनारी गाँवपालिका के उलोग १७ से ४५ बरीस के पुरुष हउवन । बर्दिया मे ३ जने मे संक्रमित थपाईल बाडन ।
बर्दिया मे तीन जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग गुलरिया मे उलोग २० से ३४ बरीस के पुरुष हउवन ।
एहितरे कपिलवस्तु मे १६ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग सभी चन्द्रौटा के हउवन । संक्रमित होखेवाला मे १९ से २८ बरीस के ३ जनानी आ १७ से ४१ पुरुष बाडन ।
रुपन्देही मे १० जने संक्रमित थपाईल बाडन । सैनामैना के उलोग १५ से ५१ बरीस के बाडन ।
दाङ के आउर १७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग घोराही उपमहानगरपालिका, बगलाचुरी आ राप्ती, गाँवपालिका के हउवन ।
संक्रमित होखेवाला मे १८ से ४५ तीन जनानी बाडि आ बाँकी ५५ बरीस तक के पुरुष बाडन ।
प्युठान मे एक जने संक्रमित मिलल बाडन । उ स्वर्गद्वारी नगरपालिका ६५ बरीस के पुरुष पुरुष हउवन ।
एहितरे नवलपरासी पूर्व, बुलिङटार के १६ बरीस के, नवलपरासी पश्चिम, रामग्राम के २२ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
स्याङ्जा ५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
चापाकोट के क्वारेन्टिन मे रहल उलोग १० से ४० बरीस के बाडन । पर्वत के फलेवासस्थित क्वारेन्टिन मे रहल ५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग १९ से ४० बरीस के बाडन ।
सुर्खेत मे आउर २७ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । उलोग वीरेन्द्रनगर, लेकवेशी, पञ्चपुरी आ भेरी गंगा के हउवन ।
संक्रमित होखेवाला मे ८ बरीस के लइकी सहित ३ जनानी बाडि आ ४ बरीस के लईका सहित ६१ बरीस के २४ पुरुष बाडन । एहितरे दैलेख ९ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
नारायण नगरपालिका, चामुण्डा नगरपालिका आ नौमुले गाँवपालिका के उलोग १७ से ३१ बरीस के पुरुष बाडन ।
एहितरे सल्यान मे आउर १८ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । वनगाड कुपिण्डे नगरपालिका आ दार्मा गाँवपालिका के उलोग १७ से ५० बरीस के पुरुष हउवन ।
कैलाली के १० जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।टीकापुर नगरपालिका आ गौरीगंगा गाँवपालिका के क्वारेन्टाइन मे रहल उलोग १६ से ६३ बरीस के बाडन । एहितरे कञ्चनपुर मे ८ जने संक्रमित थपाईल बाडन । कञ्चनपुर नगरपालिका, पुनर्वास के क्वारेन्टाइन मे रहल उलोग २८ से ५० बरीस के बाडन ।
अछाम १० जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग मंगलसेन नगरपालिका आ चौरपाटी के संक्रमितलोग बाडन ।
ई सँगे नेपाल मे कोरोना भाइरस से संक्रमित होखेवाला के संख्या २ हजार ९९ पुगल बा । उलोग मेसे ८ जने के मृत्यु भईल बा आ २६६ जने कोरोना ठिक होके घर गईल बाडन ।






