वीरगंज मे कर निति के विरोध मे प्रदर्शन

वीरगंज २१ जेठ
वीरगंज मे अर्थमन्त्री युवराज खतिवडा से लेहल कर नीतिविरुद्ध बिरोध प्रदर्शन कईल बा ।
नेकपा के महानगरपालिका कमिटी अध्यक्ष रहबर अन्सारी के नेतृत्व मे वीरगंज के घण्टाघर मे अर्धनग्न प्रदर्शन कईल गईल बा ।
अन्सारी के प्रदर्शन मे वीरगंज के युवा व्यापारी साथ देहले रहलन ।
शुरु मे सभी कर मिनाहा गर, व्यापारी मारेके ना मिली, चुल्हा बुतल बा, जनता भुखा बाडन, कर तिरे ना सकेम, लगायत के नारा लिखल प्ले कार्ड सहित प्रदर्शन मे उतरल उलोग बाद मे कपडा भी खोल के कुछ देर अर्धनग्न प्रदर्शन कईले रहलन ।
श्रमजीवी, व्यापारी सँगे बाँकी लगावल कपडा मात्र ह उ भी लेलीं कहके खोल के देहल उ बतवनी । ‘लकडाउन के चलते श्रमजीवि, जनता आ व्यापारी लगे कर तिरेके पईसा त नइखे ।
बा जउन एक जोर कपडा’ कहत उ ‘पहिनेवाला कपडा मात्र बाँकी रहला से कर के रुप मे उहे कपडा देके सांकेतिक विरोध जनावल युवा नेता अन्सारी बतवनी ।
कोरोना से व्यापारी समस्या मे पडल समय मे राहत देवेवाला जगहा मे उलते कर के खातिर ताकेता कईल गलत भईल बतवनी । ‘कोरोना से पार्टी, नेता, व्यापारी, मजदुर केहु के चिन्हले नइखे ।
सभी पीडित बाडन । लकडाउन के चलते मर रहल, उद्योगी व्यवसायी के राहत देवेके जगहा मे उलटे एतना दिन भितर मे कर तिरेके ताकेता कईल बा’ कहत उ ‘विरोध कईला के बाद समय थपाईल बा, फेनु छुट भी खारेज करके अमानवीय काम कईल बा’ कहके बतवनी ।
एकरा से पहिले वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ भी आन्तरिक राजश्व विभाग कर विवरण तथा कर बुझावे के सम्बन्धी सूचना जारी कईल विषय मे गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल कहत अर्थमन्त्री के ध्यानाकर्षण करवले रहे ।
संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया अर्थमन्त्री के पत्राचार करत अईसन सूचना जारी करके पिडा उपर आउर पीडा ना देवे खातिर निहोरा कईले रहलन ।
कर विवरण, आय विवरण तथा विवरण मुताविक भुक्तानी करेके कर दाखिला के म्याद जेठ २५ गते तक मात्र तोकल न्यायोचित ना रहल संघ के ठहर बा ।
‘असहज परिस्थिति मे उद्योग व्यवसाय हि शिथिल आ थिलथिलो बनल अवस्था बा, अईसन समय मे राहत प्याकेज लियावे खातिर उद्योगसब के पूनरुत्थान करेके जगहा मे उलटा काम भईल बा’ अध्यक्ष केडिया कहनी ।






