पर्सा मे २३ गते से जोररबिजोर प्रणाली मुताविक व्यवसाय सञ्चालन होखी

वीरगंज २१ जेठ

पर्सा जिल्ला मे जेठ २३ से जोररबिजोर प्रणाली मुताविक व्यवसाय सञ्चालन करे सकेके निर्णय भईल जनावल गईल बा ।

लम्हर समय से भईल बन्दाबन्दी के चलते समग्र अर्थतन्त्र मे पडल असर के मध्यनजर करत २३ गते शुक से जोररबिजोर प्रणाली (गते) मुताविक व्यवसाय सञ्चालन के अनुमति देहल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
आजु बईठल जिल्ला संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से जोर गते के दिन कपडा, कस्मेटिक, इलेक्ट्रिकल, इलेक्ट्रोनिक्स लगायत के दोकान सबेरे ११ बजे से दिन के ४ बजे तक सञ्चालन करेके अनुमति देहल उ बतवनी ।

एहितरे बिजोर गते के दिन हार्डवेयर, साइकल, मोटर तथा मोटर पार्टस, अटोवक्र्स, भाँडावर्तन, सुनचाँदी, फर्निचर तथा आउर दोकान सबेरे ११ बजे से दिन के ४ बजे तक सञ्चालन करे सकेके बस्नेत बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।