बारा मे आजु से दोकानसब खुलल

प्रभु यादव

बारा २१ जेठ

कोभिड–१९ के संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण करे खातिर सरकार से लागु कईल लकडाउन वितल दु चार दिन से बारा आ पर्सा मे सहज बनत गईल बा ।

लकडाउन लगा के मात्र कोरोना से जिते ना सकेके आ लकडाउन से अर्थतन्त्र चौपट होखे लागला से व्यवस्थित बनावे के समय मे बजार व्यवस्था के भी व्यवस्थित रुप मे संचालन के खातिर स्थानिय प्रशासन समय तालिका सार्वजनिक कईले बा ।

प्रशासन हप्ता के हरेक एतवार, मंगर के दिने सबेरे १० बजे से ४ बजे तक कपडा, साईकल, मोटरसाईकल, मोटर तथा मोर्टरपार्ट, ईलेक्ट्रीक, ईलेक्ट्रोनिक्स, रेडिकेट, कस्मेटिक, जुत्ताचप्पल आ सैलुन संचालन करेके तालिका बना के सार्वजनिक कईले बा ।

एहितरे सोमार, बुध, शुक आ शनिचर के दिने सबेरे १० बजे से ४ बजे तक किराना, खाद्यान्न, आलु, पियाज, किटनाशक, बिउविजन आ मलखाद्य संचालन करे खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय अनुमति देहले बा ।

बियफे के दिने हार्डवेयर, सुनचाँदी, भाडा वर्तन, टेलरिङ्ग, प्लोरिङ्ग, फर्निसिङ्ग आ फर्निचर लगायत के दोकान खोलेके निर्देशन देहल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पंण्डित बतवले बानी ।

हरिहर तरकारी तथा फलफुल, मुख्य बजार मे ना लिया के टोल टोल मे घुमाके सबेरे १० बजे तक आ सँझिया ५ बजे के बाद बेंचे खातिर निहोरा कईले बा ।

एहितरे मछरी, मुर्गा मुर्गी तथा ओकर दाना, पशु आहार के ढुवानी सँझिया ५ बजे से सबेरे ५ बजे तक करेके भी निहोरा कईले बा । एहितरे जरुरी काम बाहेक कउनो भी आदमी के घर बाहर ना निकले खातिर निहोरा कईले बा ।

जिल्ला के जरुरी स्वास्थ्य सेवा, स्वास्थ्य संस्था, विद्युत, दुरसंचार, खानेपाली, दुध, पानी, बैंक, फोहोरमैला व्यवस्थापन, ग्याँस, पेट्रोलियम पदार्थ, औषधी जईसन सेवासब दैनिक रुप मे संचालन होखेके जनवले बा ।

उद्योग तथा प्रतिष्ठान, विकास आयोजनासब संचालन कईला पर उद्योग प्रतिष्ठान भा आयोजना भितर रहल स्वास्थ्य मन्त्रालय से जारी मापदण्ड पालना करेके, कर्मचारी कामदारलोग के आपन होस्टेल, क्वाटर, भा आवास मे राख के संचालन करेके आ पडोसी मित्रराष्ट्र भारत से जुडल सिमानासब मे अनुमती विना असार १६ गतेरात १२ बजे तक आवतजावत बन्द करेके भी सूचना मे जनावल गईल बा ।

जिल्ला स्तरिय कोभिड १९ के संकट व्यवस्थापन केन्द्र जिल्ला सुरक्षा निकाय के प्रतिनिधि से लकडाउन उलंघन कईल मिलला पर कानुन बमोजिम कारवाही के भी चेतावनी देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।