अब अक्सिजन आ भेन्टिलेटर जरुरी पडेवाला के मात्र मात्र अस्पताल मे राखल जाई : मन्त्री ढकाल

काठमाण्डु २१ जेठ

स्वास्थ्य तथा जनसङख्यामन्त्री भानुभक्त ढकाल कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या दु हजार से बेसी पुगला से अब अक्सिजन आ भेन्टिलेटर जरुरी पडेवाला के मात्र अस्पताल मे भर्ना करेके बतवले बानी ।

अन्तर्राष्ट्रिय बौद्ध संस्था चु जी फाउण्डेशन के पहल मे हेल्थ इन्भ्याइरोन्मेन्ट एण्ड क्लाइमेट एक्सन फाउण्डेशन (हेकाफ ३६०) से आजु उपलब्ध करावल वास्थ्य सामान ग्रहण करत मन्त्री ढकाल सामान्य अवस्था के मरेजी के ईलाज के खातिर आइसोलेसनकक्ष स्थापना करके उहें राखेके बतवले बानी ।

उ अन्तर्राष्ट्रिय अभ्यास आ अध्ययन मे सङ्क्रमित भईल मेसे ८० प्रतिशत मरेजी सामान्य अवस्था के होखेवाला भईला से गम्भीर अवस्था के मरेजी के अस्पताल आ ईलाज के कमी ना होखो कहे खातिर अब नयाँ नीति मे जाएके स्पष्ट कइनी ।

उ देश मे १५ हजार तक सङ्क्रमित होखे सकेके आँकलन के आधार मे ओकर पाँच प्रतिशत के खातिर भेन्टिलेटर सहित के अस्पताल मे राखे सकेवाला किसिम से प्रबन्ध मे सरकार लागल जानकारी देत स्वास्थ्य सामान के कमी भईल समय मिलल सहजोग के जरुरी जगहा देख के पारदर्शीरूप मे वितरण करेके बतवनी ।

चु जी फाउण्डेशन के अध्यक्ष महेश नकर्मी ३० थान भेन्टिलेटर सहित रु एक करोड ७० लाख मूल्य बराबर के सामान उपब्ध करावल जानकारी देत कोरोना ईलाज आ रोकथाम के समय मे सरकारसे मिल के आवेवाला दिन मे भी निरन्तर सहजोग करेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

सन् १९६६ मे एक बौद्ध गुरु मे चेङ येन के सक्रियता मे स्थापित चुजी फाउण्डेशन के संयुक्त राज्य अमेरिका, चीन, क्यानाडा सहित ६३ देश मे शाखा स्थापित बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।