मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट बारा के ३ पालिका मे १५० घर परिवार के राहत बँटलख

बारा २१ जेठ,
बारा जिल्ला के फेटा गाँवपालिका के वार्ड नं. १ के त्रिवेणी टोल मे रहेका अति विपन्न गरिब, अपांग, गरिब, एकल महिला, सुत्केरी तथा गर्भवती माई लगायत के मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट मिथिला बिहारी नगरपालिका वार्ड नं.३ के आर्थिक सहजोग मे एकिकृत राहत प्याकेज आजु वितरण कईल बा ।
मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट, छोरा छोरी, गानडिज आ लास्ट नाइट अ डिजे सेभड माई लाइफ संस्थासब के आर्थिक सहजोग मे भोर नामक संस्था से मिल के देश के १५ जिल्ला के २२५० विपन्न परिवार के गर्भवती, एकल जनानी, सुत्केरी तथा अपांगसब के विशेष राहत प्याकेज प्रदान करेके योजना मेसे काल्हु आ आजु करके जम्मा १५० घर परिवार के वितरण कईल गईल बा ।
विश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) से बँचे खातिर नेपाल सरकार से लकडाउन कईल आजु ७२ वाँ दिन भइल बा ।
संघ प्रदेश, स्थानिय तह लकडाउन के अवस्था मे दैनिक मजदुरी करके खाएवाला गरिब अति विपन्न घर परिवार पूर्ण रुप से प्रभावित भईल अवस्था मे मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट समाजिक दुरी कायम करत १५० परिवार के उ राहत बाँटल गईल मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट के बारा प्रतिनिधि राजेश प्रसाद कुशवाहा बतवनी ।
नेपाल युवा परिषद् बारा, भोजपुरी टाइम्स दैनिक आ स्थानीय संस्था सखीः महिला के साथी संस्थासब के समन्वय मे चाउर, दाल, आलु, पियाज, खाएवाला तेल, नून, स्वाविन, नहाएवाला साबुन, अण्डा, हरिहर तरकारी लउका, साग, करैला बोडी लगायत खाद्यान्न सामान के प्याकेज बाँटल गईल कुशवाहा बतवनी ।
राहत वितरण कार्जक्रम मे स्मार्ट टेलिभिजन नेटवर्क के मानिकचन साह, सखीः महिलाको साथी संस्था के प्रतिनिधि विक्की महतो, भोजपुरी टाईम्स दैनिक के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया आ फोटो पत्रकार एसएम जहाँगस्त, नेपाल युवा परिषद बारा के सचिव दिवाकर प्रसाद कल्वार, युवा समाजसेवी अनिल कुमार कुशवाहा, सन्चारकर्मी रंजित चौरसिया, मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट पर्सा तथा नेपाल युवा परिषद् प्रदेश नं. २ के कार्जक्रम संयोजक श्रवण प्रसाद साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






