वीरगंज मे नेविसंघ अर्थमन्त्री आ मुख्यमन्त्री के पुतला जरवलख

वीरगंज २२ जेठ

वीरगंज मे आजु नेपाल विधार्थी संघ पर्सा अर्थमन्त्री आ मुख्यमन्त्री के पुतला जरा के संघीय आ प्रदेश सरकार विरुद्ध प्रदर्शन कईले बा ।

लकडाउन से जनता भुखे रहेके अवस्था मे अईला पर भी सरकार राहत देहला के बदले कर असुले मे मात्र लागल कहत नेविसंघ प्रदर्शन कईले बा ।

वीरगंज के घण्टाघर चोक मे जम्मा भईल विधार्थी नेता कार्यकर्तालोग अर्थमन्त्री डाक्टर युवराज खतिवडा आ प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के पुतला जरवले रहलन ।

ओकरा बाद दुनु तह के सरकार आ मन्त्री विरुद्ध नाराबाजी करत आदर्शनगर मे पुगल उलोग कोणसभा भी कईले रहलन ।

लकडाउन मे जनता के राहत देहला के बदले सरकार कर असुले खातिर ताकेता करके आहत देहला से प्रदर्शन कईल नेविसंघ पर्सा के नेता विकास तिवारी बतवनी ।

“प्रदेश सरकार त महिनो दिन से सुतल बा, उनका आपन जनता के कउनो मतलब हि नइखे’, कहत तिवारी ,‘संघीय सरकार भी राहत देहला के बदले कर असुलेके नीति मे मात्र लागल बा, जनता कईसे बाँचल बाडन कउनो ध्यान नइखे । कर मात्र चाहिं उलोग के ।’

लकडाउन से व्यपार व्यवसाय लगायत सभी क्षेत्र ठप्प रहला से अभी कर तिरे सकेके अवस्था मे केहु भी ना रहल उ बतवनी ।

लकडाउन अवधि के सभी कर मिनाह करेके माग खुदसब के रहल उ बतवनी । जदि तिरेके पडि त कर तिरेके समय असार १५ से बढा के सावन तक तोकेके उनकर कहनाम बा ।

लकडाउन समय के बैंक के ब्याज, घर भाडा, विद्युत, पानी के महसुल सरकार से मिनाहा करेके माग उ कइनी ।

सरकार के कर नीति के विरोध मे वीरगंज मे बुध के दिने भी सत्तारुढ दल नेकपा के नेता कार्यकर्ता आपन देह के कपडा खोल के अर्धनग्न होके प्रदर्शन कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।