स्रोत ना खुलल ३२ लाख ४८ हजार रोपेया सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज २२ जेठ,

पर्सा जिल्ला के दु जगहा से सशस्त्र पुलीस आ नेपाल पुलीस स्रोत ना खुलल ३२ लाख ४८ हजार रोपेया सहित दु जने के पकड के कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढवले बा ।

नेपाल भारत के सीमानाका पर्सा के बंजारी गाँव से सशस्त्र पुलीस से आजु सबेरे श्रोत ना खुलल बडका रोपेया सहित १ युवक के पकडले बा ।

सशस्त्र पुलीस पर्सा के बाहुदरमाई नगरपालिका–५ भौराटार के २० बरीस के प्रकाश साह सीमावर्ती क्षेत्र भिस्वा से आपन गाँव जा रहल २२ लाख ४८ हजार रोपेया सहित पकडल जनावल गईल बा ।

साह सवार ना ४३ प २८०२ नम्बर के मोटरसाइकल छिपहरमाई गाँवपालिका ४ बंजारी मे सशस्त्र पुलीस से चेकजाँच कईला पर २२ लाख ४८ हजार रोपेया बरामद कईले रहे ।

विशेष सूचना के आधार मे बंजारी मे साह के मोटरसाइकल चेकजाँच कईला पर मोटसाइकल के ट्यांकी मे बनावल फल्स बटम भितर से हजार, पाँच सय, सय आ ५० के नोटसब बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोस्ट भिस्वा के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक हरिकुमार पराजुली जानकारी देहनी ।

साह रोपेया यके श्रोत खुलावे ना सकला से उनका के रोपेया आ मोटरसाइकल सहित नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठावल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक पराजुली बतवनी ।

एहितरे पर्सा जिल्ला के सिमावर्ती गाँव भिस्वा से नेपाल पुलीस १० लाख नगद सहित छिपहरमाई गाँवपालिका, चेरगाहा टोल निवासी लालबाबू साह कानु के पकडले बा ।

मोटरसाइकल मे सवार साह से स्रोत ना खुलल १० लाख नगद बरामद भईल आ जरुरी कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्याल्य पर्सा पठावल ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।