एसइई के बारे मे एक हप्ता भितर निर्णय होखी ः शिक्षामन्त्री

काठमाण्डु २२ जेठ

शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधिमन्त्री गिरिराजमणि पोखरेल माध्यमिक शिक्षा परीक्षा किलास १० (एसइई), किलास ११ आ १२ के परीक्षा के बारे मे एक हप्ता भितर निर्णय करेके जानकारी देहले बानी ।

शिक्षा पत्रकार सञ्जाल (इजोन) से आजु आयोजना कईल भर्चुअल संवाद मे उ परीक्षा के विषय मे अनेकन तीन विकल्प मे अध्ययन हो रहल आ ओकरा बारेमे आवेवाला हप्ता भितर निचोड मे पुगेके बतवले बानी ।

उ अभी परीक्षा सञ्चालन कईल जा सकता भा ना, परीक्षा सञ्चालन करेमे सम्भव ना भईला पर राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड से मान्यता देवेके जईसन कानूनी उपाय अवलम्बन करेके पडि आ किलास १० के परीक्षा के नयाँ रूप मे सञ्चालन कईल जा सकता भा ना कहके विकल्प के मन्त्रिपरिषद् से निर्णय करेके जानकारी देहनी ।

उ बन्दाबन्दी के बाद अन्तिम मे शिक्षण संस्था हि खुलेके आ उ समय के खातिर अस्थायी समाधान करे खातिर वैकल्पिक प्रणाली से विद्यार्थी के सिकाइ सहजीकरण निर्देशिका कार्यान्वयन मे लियावल उल्लेख कईनी । “आवेवाला असार १ गते से विद्यालय खोलेके खोजल नइखे”, कहत उ, “तत्काल के खातिर विकल्प मात्र ह ।

४५ दिन के बाद भी अईसन अवस्था रहला पर अनेकन तीन योजना के साथ अगाडि बढल जाई । दशहरा अगाडि कईसे जाएके आ दशहरा पछाडि कईसे जाएके कहके योजना बनी ।”

मन्त्री पोखरेल निर्देशिका कार्यान्वयन मे स्थानीय तह के भूमिका हि महत्वपूर्ण होखेके स्पष्ट करत कहनी कि, “पहिलका १५ दिन के काम देखल जाँव ।

सभी विद्यार्थी ओकरा से लाभान्वित भईला पर ओकरा के शैक्षिकसत्र से जुडल जा सकता आ ओकरा से औपचारिक मान्यता मिली ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।