जसपाद्धारा कर मिनाहा के माग करत वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज २३ जेठ
जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) कर मिनाहा के माग करत आजु वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन कईले बा । अभी के अवस्था मे जनता कर तिरे ना सकेके कहत जसपा वीरगंज महानगर समिति प्रदर्शन कईले बा ।
घर भाडा, स्कुल फिस, बिजुली के महसुल, पानी के शुल्क मे छुट देवेके जगहा मे उल्टे असाढ ७ गते तक कर तिरे खातिर ताकेता कईल गलत भईल कहत उलोग प्रदर्शन कईले बाडन ।
महानगर कमिटि अध्यक्ष लियाकत अली, “लकडाउन के चलते सर्वसाधरण घर मे घेरा के बईठल बाडन ।
तीन महिना से कोरोना महामारी से लड रहल बाडन । अईसन अवस्था मे नागरिक कईसे कर तिरिहें ? ओहिसे सभी कर मिनाहा करेके पडि ।”
घर भाडा, स्कुल फिस, बिजुली के महशुल, पानी के शुल्क मे छुट देवेके जगहा मे उल्टे ७ गते तक कर तिरे खातिर ताकेता कईल गलत भईल तर्क उलोग के बा ।
प्रदर्शन मे सहभागीलोग अर्थमन्त्री राजिने मे दे, जनता मारेके ना मिली, बिजुली शुल्क, नागरिक से तिरेवाला कर मिनाहा कर लगायत के नारा लगावत वीरगंज बजार परिक्रमा कईले रहलन ।
विर्ता से सुरु भईल विरोध जुलुस घण्टाघर चोक मे आके सभा मे बदलल रहे । सरकार नागरिक के समस्या के जलदी से जलदी सम्बोधन ना कईला पर कडा संघर्ष मे उतरेके अली चेतावनी देहनी ।
जुलुस के बाद उलोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मार्फत प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय मे ज्ञापन पत्र बुझवले बाडन ।
ज्ञापनपत्र मे आम सर्वसाधरण जनता के सबेरे सँझिया काथि खाएके कहके अवस्था मे पुगल आ व्यवसायीलोग भी आर्थिक संकट के चलते कलकारखाना के चाभी सरकार के बुझावे के स्थिति मे पुगल उल्लेख कईल गईल बा ।






