विश्व वातावरण दिवस : प्रदेश २ मे ६४ लाख पौधा रोपाई

जनकपुरधाम २३ जेठ

विश्व वातावरण दिवस के अवसर मे प्रदेश २ के जिल्ला मे वृक्षा रोपण सुरु कईल बा ।

“सुरक्षित जीवन के खातिर जैविक विविधता” कहके मुल नारा के साथ ई बरीस प्रदेश २ मे कम्ति मे ६४ लाख से बेसी पौधा रोपे लागल उद्योग, पर्यटन वन तथा वतावरण मन्त्रालय के सचिव पेमनारायण कडेल बतवनी ।

प्रदेशभर हमनी के वन कार्यालय के नर्सरी मे पौधा रहल बा । पौधा के खातिर गाँव गाँव से माग आईल बा, ’कहत उ ’सार्वजनिक, ऐलानी, नीजि जमिन मे वृक्षा रोपण सुरु कईल बा ।’

कोरोना भाइरस से वृक्षा रोपण मे कउनो अवरोध ना करेके कहत उ,’ प्रदेशभर के डिभिजन वन कार्यालयमार्फत से भी वृक्षा रोपण करे लागल बानी ।’ प्रदेश वन विकास तथा व्यवस्थान कार्जक्रम अन्तर्गत प्रदेश २ मे वृक्षा रोपण सुरु कईल बा ।

चुरे जोगावल जाँव, मधेश बँचावल जाँव कहके नारा के साथ डिभिजन वन कार्यालय महोत्तरी एक हप्ता पहिले हि वृक्षा रोपण काम सुरु कईले बा ।

उ बर्दिबासस्थित नेवारडाँडा–कामीडाँडा सामुदायिक वन के खाली जगहा मे वृक्षा रोपण सुरु कईल बा ।

वातावरण दिवस के अवसर मे प्रदेश सभा सदस्य सारदा देवी थापा सहित कपे स्थानीय नेवारडाँडा–कामीडाँडा के भीरपाखा मे पहिरो रोकथाम के खातिर चार सय बाँस के पौधा रोपल सुरु कईल गईल बा ।

खहरेखोल्सी मे पहिरो जाए ना देवे खातिर आँट पर बाँस के पौधा रोपल जा रहल बा,’ डिभिवन वन कार्यालय महोत्तरी के प्रमुख हेमन्त साह कहनी कि, ’आउर जगहा मे सखुवा, सिसो, कर्मा, टिक लगायत के प्रजाति के लगावत बानी ।’

वृक्षा रोपण मे गाँव के लोग, स्थानीय सरकार आ राजनीतिक दल के साथ से उत्साहित बनावल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।