पर्सा के ओरीया नदी से गिट्टी, बालु के अवैध उत्खनन, गिट्टी बालु भारत बिहार के दसगजा तक पुग रहल

मेघराज राय
जीराभवानी २६ जेठ
पर्सा जिल्ला के ठोरी गाँवपालिका आ जीराभवानी गाँवपालिका मे रहल ओरीया खोला से अवैधरूप मे गिट्टी, बालु के उत्खनन हो रहल बा ।
लकडाउन के फायदा उठावत नदीजन्य पदार्थ के अवैध कारोबार करेवालालोग ट्रेक्टर लगाके गिट्टी, पथल, बालु के उत्खनन कर रहल बाडन ।
पर्सा जिल्ला मे रहल भेडाहा, गादी, कर्जनिया, सिंघाही, जमुनिया, भलुही खोला मेसे चालू आव मे भेडाहा खोला आ गादी खोला के मात्र टेन्डर भईल बा आ बाँकी खोला के टेन्डर नइखे भईल । टेन्डर ना भईल खोला से रात के समय मे सयो ट्याक्टर घुस के गिट्टी, बालु के ढुवानी कर रहल स्थानीय बासीलोग जानकारी देहले बाडन ।
स्थानीय सरकार चासो ना देहला के बाद नदीजन्य पदार्थ के अवैध उत्खनन बढल गाँवके लोग के आरोप रहल बा । टेन्डर ना भईल खोला से अवैधरूप मे गिट्टी, बालु उत्खनन कईला पर सुरक्षाकर्मीलोग के भी मिलीभगत रहल समाचार स्रोत के दाबी रहल बा ।
ओरीया खोला मे पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के मातहत मे रहल गडुवालाईन पोस्ट बफर्जन भितर मे पडेवाला बिकास निर्माण काम के खातिर छुट पुर्जी खुला कईला से तस्कर समूह योजना बफर्जन भितर देखा के तस्करलोग बफर्जन बाहर के महादेवपट्टी जगरनाथपुर के जानकिटोला, दसाउता, पान्डेपुर, पिडाडीगुठी बिसुन्पुर्वा लगायत के जगहा मे नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के मिलीभगत मे तस्करी करके जम्मा करेके आ जम्मा करके छिपहरमाई गाँवपालिका के भीस्वा, मिर्जापुर, आस्वारी, जान्किटोला, दसाउता, पान्डेपुर तक पुग रहल स्थानीय बतवले बाडन ।
माकिर ई बिषय मे पन्चमुखी बन उपभोक्त समिति के अध्यक्ष राजिन्द्र साह पर्सा राष्ट्रिीय निकुञ्ज के मधव्वर्ती क्षेत्र भितर पडेवाला बिकास के खातिर कार्याआदेश निर्माण समिति के निर्णय समझौता तथा लागत ईस्ट्मेन्ट लगायत कागज के आधर मे नदीजनय पदार्थ देरहल बतवले बानी ।
मध्ववर्ती क्षेत्र मे पडेवाला योजनासब के लगे के बन समिति के अध्यक्ष तथा निकुञ्ज के कर्मचारी कार्यस्थल के अनुगमन के बाद नदीजन्य पदार्थ उपलब्ध कर रहल अध्यक्ष साह बतावत उ गिट्टी बालु बफर्जन बाहर गईल मिलला पर कारवाही करेके बतवनी ।
जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रमुख नेक महम्मद अंसारी के मुताविक अवैध उत्खनन काम रोकल सम्बन्धित गाँवपालिका के जिम्मेवारी रहल बतवनी ।
अनुगमन समिति विकास काम मे अवरोध ना पुगो कहके गादी खोला मे एक्साभेटर प्रयोग करे ला १० दिन के खातिर अनुमति देहल बतवनी ।
गाँउबिच झगडा के चलते हि कर्जनिया, सिंघाही, जमुनिया, भलुवही खोला के टेन्डर होखे ना सकल जिसस प्रमुख अन्सारी के आरोप बा ।
टेन्डर भईला पर आवेवाला राजस्व के हिसाब किताब मे गापा चासो ना देखावल आ वातावरणीय परीक्षण भी ना बुझईला के चलते टेन्डर होखे ना सकल अन्सारी बतवनी ।
गापा के कुछ कर्मचारीलोग भी पुर्जी काट के अवैधरूप मे रकम असुल रहल उनकर आरोप बा ।
पटेर्वासुगौली, सखुवाप्रसौनी तथा जीराभवानी के क्षेत्राधिकार भितर पडेवाला खोलासब मे बहुते बिवाद भईल आ खुद बेर बेर समस्या समाधान के खातिर पहल कईला पर भी सम्बन्धित गापा चासो ना देखईला के बाद खोला के टेन्डर होखे ना सकल बतवनी ।
टेन्डर भईल खोलासब से स्थानीय प्रशासन के मिलीभगत मे अवैध तरीका से उत्खनन हो रहल विषय मे खुद सुरक्षा निकाय के जानकारी करईला पर भी चासो ना देखावल आरोप लगवनी ।
मापदण्ड मुताविक वनजङ्गल क्षेत्र से एक किलोमिटर दुर आ खोला के दायाँ–बायाँ ५ मिटर छोडके उत्खनन करेके नियम बा ।
माकिर मनमौजी तरिका से उत्खनन कईला से बिहान उ क्षेत्र प्रभावित होखेके उनकर कहनाम बा ।
ई विषय मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कार्की से सम्पर्क कईला पर विकास निर्माण के समय एक महिना बाँकी रहला से चौतर्फी दबाब बढला के बाद खुद सबसे बेसी गिट्टी, बालु निकलेवाला गादी खोला से १० दिन के खातिर जरुरी पडेवाला औजार प्रयोग करके गिट्टी, बालु निकाले के निर्देशन देहल बतवनी ।
आजु कुछ आपसी विवाद के बाद पटेर्वासुगौली गाँवपालिका २ मे पडेवाला गादी खोला के उत्खनान भी रुकल गाँवपालिका स्रोत जनवले बा ।






