कोल्हबी–७ मे भईल विकास के योजनासब के बारे मे संघर्ष समिति आ वार्ड अध्यक्ष बिच छलफल

बारा २८ जेठ

बारा जिल्ला के कोल्हबी नगरपालिका वार्ड नं. ७ मे भईल विकास के योजनासब के बारे मे वार्ड अध्यक्ष आ स्थानियबासीलोग बिच बृहत रुप मे छलफल भईल बा ।
वार्ड नं. ७ मे बितल बरीस आ ई आव मे भईल आ हो रहल अनेकन विकास के योजनासब मे अनियमित्ता एवं भ्रष्टाचार भईल कहत स्थानिय चिन्तामणी चौधरी के अध्यक्षता मे १३ सदस्यीय संघर्ष समिति बना के अनेकन चरण मे संघर्ष के कार्जक्रमसब करत आईल बाडन ।

संघर्ष समिति वार्ड अध्यक्ष उपर लगावत आईल आरोप के सम्बन्ध मे बुध के दिने वार्ड नं. ७ के धोधरपा मे संघर्ष समिति आ वार्ड अध्यक्ष एवं वार्डवासीसब बिच बृहत रुप मे छलफल भईल बा ।

छलफल मे वार्ड अध्यक्ष बिरेन्द्र प्रसाद चौधरी खुद कउनो किसिम के अनियमित्ता एवं भ्रष्टाचार ना कईल दाबी कईले बानी ।

उ छलफल मे संघर्ष समिति के ओरी से उठल सवालसब के सहज रुप से जफाफ देत वार्ड अध्यक्ष चौधरी खुद एक स्वतन्त्र से उम्मेदवार होके निर्वाचित भईला से वार्डवासी के दुःखी बनावे के काम कउनो भी हालत मे हम ना करेम कहके प्रतिबद्धता जनवले बानी ।

“हम कउनो भी दल के प्रतिनिधि ना हई, हम एक स्वतन्त्र आदमी हईं, ओहिसे कउनो भी दल के दबाव भा प्रभाव मे ना परेम” कहत अध्यक्ष चौधरी “हम हरेक काम वार्डवासी के हित आ भलाई होखेवाला मात्र काम कईले बानी आ आवेवाला दिन मे भी करेम” कहके बतवनी ।

संघर्ष समिति विकास निर्माण के काम पारदर्शी ना भईल, हिसाब किताब फर्छौट ना कईल आरोप लाग रहला से आजु एक÷एक शिर्षक के बारे मे सभी से बुझेवाला किसिम से हिसाब किताब आ भईल योजना के बारे मे वार्डवासी के विच मे ारखल वार्ड अध्यक्ष चौधरी बतवनी ।

हमरा से भुलवस कउनो किसिम के गल्ती भईल बा त आवेवाला दिन मे सुधार करेम आ नियतवस भईल ठहरला पर खुद कउनो भी सजाय भोगे खातिर तइयार रहल वार्ड अध्यक्ष चौधरी के कहनाम रहे ।

वार्ड के कउनो भी काम कईला पर वार्डवासी से सल्लाह ना कईल, सार्वजनिक सम्पत्ति के दुरुपयोग कईल, आयव्यय के विवरण मागला पर अटेरी कइल लगायत के विषय मे संघर्ष समिति चरणवद्ध रुप मे आन्दोलन करत आईल संघर्ष समिति के अध्यक्ष चिन्तामणी चौधरी बतवनी ।

आजु भईल छलफल मे वार्ड अध्यक्ष गोलमटोल जवाफ देहला से खुदसब पूर्ण रुप मे सन्तुष्ट ना भईल संघर्ष समिति के अध्यक्ष चौधरी बतवनी ।

संघर्ष समिति एकरा से पहिले हि वार्ड कार्यालय से भईल अनियमित्ता आ भ्रष्टाचार के बारे मे नगरपालिका कार्यालय, जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा, स्थानिय विकास तथा प्रशासन मन्त्रालय काठमाण्डु, अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग लगायत के सम्बन्धित निकाय मे लिखित रुप मे जानकारी करावल संघर्ष समिति के अध्यक्ष चौधरी बतवनी ।

उ छलफल मे संघर्ष समिति के सचिव नन्दकिशोर साह, सदस्य सल्लाउदीन अंसारी, अतिम अंसारी, जमिल अख्तर अंसारी, जाबेद अंसारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।