कलैया वार्ड नं. ९ के बासीद्धारा उपमहानगरपालिका कार्यालय घेराव

प्रभु यादव
बारा २९ जेठ
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ९ के स्थानियलोग आजु उपमहानगरपालिका के कार्यालय घेराव कईले बाडन ।
प्रधानमन्त्री स्वरोजगार कार्जक्रम अन्तर्गत बने लागल सामुदायिक भवन बने ना देवे खातिर स्थानिय हुसैन मिया लगायत कुछ आदमीसब अवरोध सिर्जना करेके खोजला के बाद ओकर विरोध मे उपमहानगरपालिका कार्यालय घेराव कईल उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष कमरुदिन असारी बतवले बानी ।
करिव २० लाख के लागत मे बने लागल सामुदायिक भवन बने ना देवेके चलखेल सुरु भईल उ बतवनी ।
हुसैन विदेश मे रहल नागरिक के नाम मे भी नक्कली सहिछाप के प्रयोग करके देहल निवेदन के अधार मे उपमहानगरपालिका कामकाज रोकल उपभोक्ता समिति के आरोप रहल बा ।
नगर सभा से चईत ४ गते सामुदायिक भवन बनावे खातिर स्विकृत भईला के बाद जेठ २७ गते नाप नक्सा करावे खातिर अमिन अईला के बाद हुसैन लगायत कुछ आदमीसब काम मे अवरोध पुगावल उनकर आरोप बा ।
वार्ड कार्यलय मे भेला करा के नियमपुर्वक कमरुदिन अंसारी के अध्यक्षता मे उपभोक्ता समिति गठन कईल रहे ।
समाजिक दुरी के कायम करके काम करावे के खोजला पर अवरोध भईला के बाद खुद भी सम्झवनी माकिर विवाद सृजना भईला के बाद नगरप्रमुख के जानकारी करावल उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष असारी बतवनी ।
समाज मे धार्मिक समाजिक शहिष्णुता बिगारेके खेल हो रहल स्थानिय कमरुलहक अन्सारी बतावेनी ।
समाज मे कईल विकास सभी के खातिर ह, कमिशन के चलखेल मे पर के विकास विरोधी ना बने खातिर उ निहोरा कईले बानी ।
सामुदायिक भवन केहु के एकल ना होके सभी के हकहित के खातिर भईला से विवाद ना करे खातिर स्थानिय नासिर हुसैन निहोरा कईले बानी ।
काम मे अवरोध पुगावे के खेल भईला से विरोध मे नगरप्रमुख के कार्यलय के घेराव कईल उ बतवनी ।
नगरप्रमुख यादव विकास के काममा अवरोध सृजना करेवाला जे केहु के भी ना छोडेके प्रतिवद्धता जनवले बानी । खुद उपमहानगर के अमिन पठा के नाप नक्सा करा के जलदी काम के सुरुवता करेके आश्वसन देहला के बाद स्थानियलोग घर गईल रहलन ।






