प्रदेश नं २ मे एके दिन एक हजार ४२० स्वाब सङ्कलन
महोत्तरी, २९ जेठ
कोभिड–१९ सङ्क्रमण बढत गईला के बाद प्रदेश नं २ मे स्वाब सङ्कलन के तेज बनावल गईल बा ।
बुध के एके दिन मे प्रदेश के छ जिल्ला के एक हजार ४२० के पिसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब सङ्कलन कईल प्रदेश नं २ स्वास्थ्य निर्देशनालय जनकपुरधाम पुष्टि कईले बा ।
एके दिन मे एतना बेसी स्वाब सङ्कलन कईल अभी तक के सर्वाधिक ह ।
प्रदेश के आठ जिल्ला मेसे छ जिल्ला मे बुध के दिने स्वाब सङ्कलन कईल बा ।
जउना मेसे पर्सा मे ५६१, महोत्तरी मे ३४३, सर्लाही १८७, रौतहट १५२, बारा ११७ आ धनुषा के ६० जने के स्वाब सङ्कलन कईल निर्देशनालय के निमित्त निर्देशक भी रहल वरष्ठि स्वास्थ्य प्रशासक विजयकुमार झा जानकारी देहनी । प्रदेश मे अभी स्वाब सङ्कलन के कूल सङ्ख्या २९ हजार ९५१ पुगल बा ।
प्रदेश नं २ के आठ जिल्ला मे करके अभी पिसीआर परीक्षण से कोभिड–१९ सङ्क्रमित के सङ्ख्या एक हजार ५७३ पुगल बा । जउना मे सबसे बेसी रौतहट जिल्ला मे ४७६ बाडन ।
एहितरे सर्लाही मे ४१४, महोत्तरी १६७, धनुषा १४४, पर्सा ११९, सप्तरी १११, बारा ७७ आ सिरहा के ६२ बाडन । स्वाब परीक्षण कईल मेसे बुध के सँझिया तक १५ हजार ३८९ के नतिजा (परिणाम, रिपोर्ट) आईल बा । जउना मे एक हजार ५७३ सङ्क्रमित मिलल बाडन ।
अभी १४ हजार ५६२ जने के परिणाम आवेके बाँकी हि रहल वरिष्ठ स्वास्थ्य प्रशासक झा बतवनी ।
प्रदेश के आठु जिल्ला मे अभी तक ४२६ क्वारेन्टिन बनावल गईल बा ।
अभी ई केन्द्र मे ३१ हजार ५४८ श्यया बा, जउना मे १९ हजार ७६९ रहल बाडन । ई बाहेक स्वास्थ्यकर्मी के रेखदेख मे घर मे क्वारेन्टिन मे रहेवाला के सङ्ख्या सात हजार ८७२ बा । प्रदेश मे आइसोलेसन श्यया बढाके एक हजार ३६१ पुगावल गईल बा ।
अभी आइसोलेसन मे ७४९ जने बाडन । प्रदेश मे सङ्क्रमण के बाद ईलाज से ठिक होके घर जाएवाला के सङ्ख्या २९९ पुगल बा । जउना मेसे ३६ जने काल्हु बुध के दिने ठिक होके घर गईल बाडन ।
प्रदेश मे अभी तक १२ हजार ३६७ जने के आरडिटी कईल बा । जउना मे ५५३ जने के नतिजा पोजेटिभ आ ११ हजार ८१४ के नतिजा नेगेटिभ आईल बा ।
यद्यपि पिछिलका दिन मे क्वारेन्टिन मे रहललोग के पिसीआर जाँच मे जोड बढावल गईल निर्देशनालय जनवले बा । क्वा
केन्द्र आ श्यया थपत गईला पर भी पिसीआर परीक्षण अभी भी सघन होखे सकल नइखे ।
ई परीक्षण के खातिर स्वाब सङ्कलन करे खातिर जरुरी सामान पर्याप्त ना भईला पर तेजी बढे ना सकल क्वारेन्टिन केन्द्र के रेखदेख मे रहल स्वास्थ्यकर्मी के कहनाम बा ।
यद्यपि प्रदेश मे कोभिड–१९ रोकथाम अभियान के समन्वय करत आईल सामाजिक विकास मन्त्रालय आ प्रदेश नं २ स्वास्थ्य निर्देशनालय उपलब्ध सामान आ दक्ष जनशक्ति स्वाब सङ्कलन मे लगावत आईल जनावल गईल बा ।






