विद्युत् आ टेलिकम महसुल छुट कार्यान्वयन कर : सांसद

काठमाण्डु २९ जेठ
राष्ट्रियसभा के आजु के बईठक मे सांसद सरकार से बन्दाबन्दी अवधि मे विद्युत् महसुल मे छुट देवेके निर्णय कईला पर भी कार्यान्वयन मे ना आईल कहके सिकाईत कईले बानी ।
शून्य समय मे नेपाली कांग्रेस के तारादेवी भट्ट बितल चईत आ वैशाख के कूल १५० युनिट तक २५ प्रतिशत छुट देवेके निर्णय कार्यान्वयन ना भईला मे आपत्ति जनवले बानी ।
“खुदे कईल निर्णय कार्यान्वयन ना होखेवाला ई सरकार के कईसन निर्णय ह”, उ कहनी । एहितरे नेपाल टेलिकम ग्राहक के अनेकन सेवा मे छुट देवेके कहके कईल निर्णय भी कार्यान्वयन ना भईला मे उ रोष प्रकट कइनी ।
उहे दल के अनिता देवकोटा इहे जेठ १० गते रुकुम (पश्चिम) के चौरजहारी, सोती मे भईल घटना सेराए से पहिले सप्तरी मे एक जनानी के डाईन के आरोप मे अमानवीय व्यवहार कईल जनावत दोषी उपर कडा सजाय के माग कइनी ।
नेकपा के उदया शर्मा पौडल कोभिड–१९ चलते बहुते के रोजीरोटी गुमला से जगहा जगहा मे आत्महत्या के घटना बढल तथा कैयन निकाय एवं संस्था कर्मचारी निकाला कईला से बन्दाबन्दी सहज बना के जनजीवन सहज बनावे के ओरी सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
उहे दल के कोमल वली त्रिभुवन विश्वविद्यालय के आंशिक प्राध्यापक के करार सम्झौता कार्यान्वयन ना भईल कहके चिन्ता व्यक्त कइनी ।
एहितरे राष्ट्रियसभा के आजु के बईठक से ‘प्रतिलिपि अधिकार (पहिलका संशोधन) विधेयक, २०७६ उपर विचार कइल जाँव’ कहके प्रस्ताव सर्वसम्मति से स्वीकृत कईले बा ।
बईठक मे संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्यनमन्त्री योगेशकुमार भट्टराई उ प्रस्ताव प्रस्तुत कईले रहनी ।
बईठक मे उ विधेयक उपर के छलफल मे सांसद से उठावल जिज्ञासा के जवाफ मे संस्कृतिमन्त्री भट्टराई कला, साहित्य आ सिर्जना तथा स्रष्टा के अधिकार संरक्षण करेके ध्येय के साथ सरकार से तत्कालीन ‘प्रतिलिपि अधिकार ऐन’ उपर संशोधन करे खातिर विधेयक लियावल स्पष्ट कइनी ।
उ स्रष्टा के सिर्जना खुदे मे महत्वपूर्ण होखेवाला भईला से उलोग के अधिकार संरक्षण कईल आ सम्मान प्रदान कईल जरुरी रहला मे जोड देत कहनी कि, “नाम चलल भा ना चलल स्रष्टा सभी से ई संशोधन से समेटेके प्रयास कईले बा ।
विज्ञान आ प्रविधि से लियावल परिवर्तन के भी ऐन मे समेटे के प्रयास कईल बा ।”
सांसद रामनारायण बिडारी, प्रकाश पन्त, कोमल वली आ वेदुराम भुसाल उ विधेयक उपर के छलफल मे भाग लेहले रहनी ।
एहितरे राष्ट्रियसभा से ‘बीउबिजन (दुसरका संशोधन) विधेयक, २०७५’ पारित भईल बा ।
सभा के आजु के बईठक मे कृषि तथा पशुपन्छीमन्त्री घनश्याम भुसाल से पेश कईल प्रतिनिधिसभा से सन्देशसहित मिलल विधायन व्यवस्थापन समिति के प्रतिवेदन सहित के उ विधेयक सर्वसम्मति से पारित भईल बा ।
राष्ट्रियसभा के दोसर बईठक इहे जेठ ३२ गते सबेरे ११ बजे बइठी ।






