नारायणी अस्पताल मे बिहान से अन्तरंग सेवा चालु होखी

वीरगंज ३२ जेठ
वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल बिहान सोमार से अन्तरंग सेवा भी सुरु करेके जनवले बा ।
कोरोना संक्रमण के जोखिम के मध्यनजर करके भौतिक दुरी कायम राख के सीमित शय्या संख्या मे अन्तरंग सेवा सुचारु करेके अस्पताल के मेसु डा. मदनकुमार उपाध्याय जानकारी देहले बानी ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय, आपतकालिन तथा विपद् व्यवस्थापन इकाई, स्वास्थ्य आपतकालीन कार्य सञ्चालन केन्द्र से २०७६ चईत ३० गते पत्र पठाके नारायणी के कोभिड अस्पताल घोषणा करत आउर सेवा बन्द करेके निर्देशन देहले रहे ।
उहे पत्र के आधार मे नारायणी २०७७ वैशाख २ गते से सर्पदंश, बोखार क्लिनिक बाहेक के सेवा बन्द कईले रहे ।
फेनु स्वास्थ्य समन्वय महाशाखा वैशाख ३० गते पत्राचार करत उपचारार्थ कोभिड–१९ संक्रमित डिश्चार्ज कईला के बाद बहिरंग लगायत आउर नियमित सेवासब क्रमशः सुरु करेके कहला के बाद नारायणी उहे मुताविक जेठ १८ गते डायलासिस सेवा सुचारु कईले रहे आ जेठ २० गते से बहिरंग सेवा सुचारु कईले रहे ।






