पर्सा मे ५ स्वास्थ्यकर्मी सहित १७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ३२ जेठ
पर्सा जिल्ला मे आजु ५ जने स्वास्थ्यकर्मी आ १ जने एम्बुलेन्स डाईबर सहित आउर १७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंज स्थित नारायाणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे आजु पर्सा के आउर १७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
पोखरीया नगरपालिका के क्वारेन्टाइन के १० जने, विन्दवासनी गाँवपालिका के झौवा क्वारेन्टाइन के २ जने, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के २ जने, पर्सागढी नगरपालिका के १ जने तथा जिराभवानी आ धोबीनी गाँवपालिका के १÷१ जने करके १७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । १७ जने मेसे ३ जने जनानी आ १४ जने पुरुष बाडन ।
आजु संक्रमण पुष्टि भईल पोखरीया के १० जने मेसे नगरपालिका के ५ स्वास्थ्यकर्मी, नगरपालिका के १ एम्बुलेन्स डाईबर आ क्वारेन्टाइन मे राखल पोखरीया के ४ जने सर्वसााधरण बाडन ।
पोखरीया बजार स्थित विद्यालय के क्वारेन्टाइन मे नगरपालिका से खटावल १ जने हेल्थ असिस्टेन्ट, ३ जने अहेब आ १ जने अनमी करके ५ जने स्वास्थ्यकर्मी मे आजु कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नगरपलिका के स्वास्थ्य संयोजक कौशलेन्द्र मिश्रा जानकारी देहले बानी ।
एहितरे नगरपालिका के एक जने एम्बुलेन्स चालक मे भी संक्रमण देखल गईल उ बतवनी ।
आउर ४ जने संक्रमित १० दिन पहिले भारत के अनेकन शहर से आके क्वारेन्टाइन मे राखल पोखरीया नगरपालिका के अनेकन वार्ड के स्थानीय रहल मिश्र जानकारी देहनी ।
पर्सा के अनेकन पालिका के क्वारेन्टाइन से जेठ २५ आ २६ गते के दिन संकलन कईल स्वाब, नारायणी अस्पताल मे लिया के पिसआिर परीक्षण कईला पर उ मेसे एतवार के दिने १७ जने के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के अधिकृत जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।
आजु १७ जने थपईला सँगे पर्सा जिल्ला मे कोरोना संक्रमित के संख्या १ सय ४३ पुगल बा ।
ठाकुर के मुताविक पर्सा जिल्ला मे आजु तक पिसिआर जाँच के खातिर ५ हजार १३ जने के स्वाब संकलन कईल बा ।
उ मेसे ३ सय ४६ स्वाब के नीतजा आवे के बाँकी रहल ठाकुर बतवले बानी ।






