शम्भु सदा मृत्युप्रकरण : न्यायिक छानबिन के माग करत पर्सा मे प्रदर्शन

वीरगंज ३२ जेठ
धनुषा स्थित इलाका प्रहरी कार्यालय सबैला के थुनुवा कक्ष भितर मृत मिलल शम्भु सदा मुसहर के हत्या भईल कहत पर्सा मे प्रदर्शन कईल बा ।
प्रहरी कार्यालय मे सदा आत्महत्या कईल ना होके हत्या भईल दाबी करत सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका–५ महुवन के दलित युवा प्रदर्शन कईले बाडन । उलोग घटना के न्यायिक छानविन होखेके माग रखले बाडन ।
१०१ दलित युवा नेतृत्वद्वारा कइल प्रदर्शन मे सहभागी “पडित परिवार के न्याय सहित क्षतिपूर्ति के व्यवस्था कर”, “आरोपी विरुद्ध मुद्दा दर्ता कर”, “जातिय छुवाछूत अन्त्य कर, जातिय विभेद अन्त्य कर, “दलित के सामाजिक न्याय दे”, “सामाजिक स्वतन्त्रता के ग्यारेन्टी कर”, “प्रहरी प्रशासन के दमन बन्द कर” जईसन नारा लिखल प्ले कार्ड लेहला के साथे नाराबाजी भी कईले रहलन ।
धनुषा के सबैला नगरपालिका–१२ बरकुर्बा मे रहेवाला २३ बरीस के शम्भु सदा मुसहर के इलाका प्रहरी सबैला कार्यालय मे लास लटकल अवस्था मे मिलल रहे ।
पुलीस उ आत्महत्या कईल बतईला पर भी दलित समुदाय ओकरा के मानत नइखन ।
उलोग पुलीस कार्यालय भितर हत्या भईल कहत दोषी उपर कारबाही के माग राख के जगहा जगहा मे प्रदर्शन कर रहल बाडन ।
पीडित परिवार के ओरी से शम्भु सदा के हत्या भईल दावी सहित ईलाका प्रहरी कार्यालय सवैला के प्रहरी निरीक्षक ४० बरीस के चन्द्रभुषण यादव, सवैला नपा–१२ रहेवाला ४२ बरीस के ट्याक्टर मालिक संजय साह, वार्ड नं. ९ के ३८ बरीस के वार्ड अध्यक्ष पारस साह लगायत ४ जने विरुद्ध किटानी जाहेरी तइयार कईल बा । माकिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा किटानी जाहेरी दर्ता करेके मनले नइखे ।
ओहिसे जाहेरी दर्ता करके निष्पक्ष अनुसन्धान करे खातिर दवाव देवेके उद्देश्य से पर्सा मे प्रदर्शन कईल दलित अधिकार समाज पर्सा के अध्यक्ष मनोज राम जानकारी देहनी ।






