नेपाल के संविधान विधेयक सर्वसम्मति से स्वीकृत

काठमाण्डु ३२ जेठ
राष्ट्रियसभा के बईठक से ‘नेपाल के संविधान (दुसरका संशोधन) विधेयक, २०७७ उपर विचार होखो’ कहके प्रस्ताव के सर्वसम्मति से स्वीकृत कईले बा ।
आजु के दुसरका बईठक मे कानून, न्याय तथा संसदीय मामिलामन्त्री डा शिवमाया तुम्बाहाङ्फे प्रतिनिधिसभा से सन्देशसहित मिलल उ प्रस्ताव प्रस्तुत कईले रहनी ।
उ विधेयक उपर के सैद्धान्तिक छलफल उठल सवाल मे उ विधेयक प्रतिनिधिसभा से पारित भईला सँगे ‘नेपाल के सभी राजनीतिक दलसब राष्ट्रियता के सवाल मे एक होखेलन’ कहके पुष्टि भईल उल्लेख कइनी ।
उ संविधान संशोधन के विषय नेपाल के आन्तरिक विषय भईल आ एमे पडोसी टिप्पणी ना कईला पर बढिया होखेके बतवले बानी ।
उ कहनी कि, “भारत सँगे हमनी सुमधुर सम्बन्ध राखेके चाहत बानी”, उ अद्यावधिक नेपाल के नक्सा मुताविक संविधान के अनुसूची –३ सँचियावे के अभिप्राय से लियावल संविधान के दुसरका संशोधन के समर्थन करे खातिर निहोरा कइनी ।
एकरा से पहिले उ प्रस्ताव उपर के छलफल मे नेपाली काँग्रेस के प्रकाश पन्थ नयाँ नक्सा जारी भईला के बाद अब भूमि फिर्ता लियावे खातिर पहल कईल जरुरी रहल बतवनी ।
नेकपा के सुमनराज प्याकुरेल, नेकपा के मायाप्रसाद शर्मा आ गोपीबहादुर सार्की अछामी अब गुमल भूमि फिर्ता लियावे खातिर एकजुट होखे खातिर निहोरा कइनी ।
नेपाली काँग्रेस के तारादेवी भट्ट सिमाना मे रहेवाला नेपाली से बहुते दुःख मिलल उल्लेख करत पूर्व से पश्चिम तक के हडपल भूमि फिर्ता लिया के आपन तारबार करेके बात मे जोड देहनी ।
नेकपा के भगवती न्यौपाने सरकार के ऐतिहासिक निर्णय से नेपाली नागरिक राष्ट्रियता के भावना से ओतप्रोत भईला से नेपाली भूमि फिर्ता करे खातिर राष्ट्रिय एकता के बरियार बनावे के बिचार रखनी ।
उहे पार्टी नेकपा के जीवन बुढा, रामलखन चमार, दीपा गुरुङ आ चक्रप्रसाद स्नेही नेपाल के सीमारेखा स्पष्ट करके नक्सा पास कईल ऐतिहासिक काम भईल उल्लेख करत भूमि फिर्ता लेवे खातिर भी एकताबद्ध होके कूटनीतिक पहल करेके पडि कहनी ।
नेकपा के खीमकुमार विक आ मेहशकुमार महरा से सीमारक्षा करेवाला विषय मे राष्ट्रिय एकता भईला से नेपाल के भूभाग कहके नेपाल सँगे स्पष्ट प्रमाण भईला से फिर्ता लिया के चलनभोग करेके बिचार रखनी ।
नेपाली काँग्रेस के रमेशजङ्ग रायमाझी नेपाल के भूभाग फिर्ता लियावे के विषय मे पूर्णरूप मे समर्थन रहल आ कूटनीतिक वार्तामार्फत प्रमाण के आधार मे नेपाल के भूमि भईल पुष्टि करेके समय आईल बतवनी । राष्ट्रियसभा के दोसर बईठक सोमार के ११ बजे बइठी ।





