विकास के काम खातिर रहल पईसा काम ना करेवाला निकामा रहल : मुख्यमन्त्री गद्दी

प्रभु यादव
अषाढ ५
बारा के कलैया अस्पताल मे अवस्था बुझे पहुचल प्रदेश नम्वर २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी विकास के काम खातिर रहल पईसा काम ना कर के फिर्ता पेठावेवाला निकामा रहल कहनी ।
प्रदेश सरकार से अस्पताल मे विकास करेखातिर पेठावल रकम खर्च ना करे सकल जवना के खातिर कहत निकामा रहल गद्दी कहनी ।
बारा जिल्ला मे काठमाण्डु के टेकु मे भईल सरूवा रोग के चेक जाँच करे खातिर बनावेवाला पईसा आइल खर्च ना करे सकल आपती जनावनी मुख्यमन्त्री गद्दी ।
अके स्तर उच्च करे खातिर आईसुलेसन भेन्टिलेसन बनावे खातिर राखल जवन बनावे ना सकल जनकारी देहनी । कोरोना से बचे खातिर नागरीक के बचावेला जे करे के परी उ करे खातिर प्रदेश सरकार तयनर रहल बा जनकारी करावत पईसा जेतना चाहिँ ओतना देवे के वचन देहनी ।
बारा के खातिर एगो एमबुलेन्स आ एगो सव वाहन गाडी खरिद खातिर रूपेया पेठावल गईल बा जवन असणपताल खरिद ना करे सकल मुख्यमन्त्री गद्दी जनकारी करावले बानी ।
आवेवाला आर्थिक बरीस से सावन के पहिलका हप्ता सेही बजेट खर्च कर के विकास के काम अगाडि बढावे के तयारी कईल जारहल बा सहज परिक्रिया से समान खरीद कर के काम करे के जनकारी देहनी ।
काम करे के नियत आज्ञान ना भईला से अगाडि ना बढरहल बा जवना खातिर मास्टर प्लान बना के अगाडि बढी आ प्रदेश का करे के परी जवना समय मे सहयोग चाहिँ करेला तयार रहल जनकारी देहनी ।
प्रदेश निजामती लोक सेवा बनगईल बा कुछ दिन मेही काम सुरू करी जवना से जनशक्ति के कमि रहल बा पूरा होई कहनी ।
अस्पताल के समस्या जनकारी करे अाईल मुख्यमन्त्री प्रमुख जिल्ला अधधिकारी रूद्र प्रसाद पण्डित के स्वस्थ्य समाग्री पिपिई सेट , आरडिटी आ स्वाब संकलन करेवाला , मास्क आपआ हस्तारण प्रदेश सरकार के तर्फ से कईले रहलन ।
प्रदेश सदस्य पारस साह कलैया अस्पताल के मेसु के कारण विकास के काम ना भईल सिकायत कईले रहनी । जनस्वास्थ्य प्रमुख रामनरेश यादव बारा मे कोरोना के अवस्था आ कईल जाकईल काम के जनकारी देहनी ।
कलैया अस्पताल के डा. हरिओम केसरी अस्पताल मे कर्मचारी के कमी रहल आ अप्रेसन से बन्द रहल जनकारी करावले रहनी ।
जिल्ला समन्वय समिति के संयोजक नवलकिशोर सिह , जयप्रकाश साह लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।




