सिम्रौनगढ नगरपालिका के चउथका नगरसभा से ४४ करोड ४५ लाख के बजेट प्रस्तुत भईल

प्रभु यादव

बारा ०८ असाढ

बारा जिल्ला के सिम्रौनगढ नगरपालिका के चउथका नगरसभा आजु एगो समारोह के बिच नगरपालिका के मेयर बिजयशंकर यादव आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ साल के निती तथा कार्जक्रम सार्वजनिक कईले बानी ।

निती तथा कार्जक्रम के कार्यन्वयन करे खातिर ४४ करोड ४५ लाख ३२ हजार ४ सय २० रोपेया के बजेट प्रस्ताव कईले बा ।

मेयर यादव चालुओरी ९ करोड ६ लाख २८ हजार ४ सय २० आ पुजीगत ओरी ३५ करोड के बजेट प्रस्तुत कईले रहनी ।

सस्कृति, प्रवद्र्धन, खेलकुद तथा मनोरंजन लैङिक समानता तथा समाजिक समावेसीकरण एवम शिक्षा, स्वास्थ्य, खानेपानी आ सरसफाई करके ३ करोड ६० लाख ४० हजार बजेट छुटयवले बा ।

उधोग तथा बाणिज्य, पर्यटन, सहकारी, बितिय क्षेत्र ओरी १ करोड १६ लाख २० हजार सडक, पुल, सिचाई, भवन तथा शहरी बिकास, उर्जा, संचार ओरी रु १० करोड, २५ लाख ३६ हजार बिनियोजन कईल गईल बा ।

वतावरण तथा बिपत्त व्यवस्थापन, वन भुसंरक्षण, जलाधार, जलबायु परिवर्तन, ढल ब्यवस्थापन, बारुणयन्त्र संचालन के खातिर १ लाख ६८ लाख, संस्थागत बिकास सेवा प्रभाव सुशासन ओरी १ करोड ५० लाख आ शसर्त कार्जक्रम ओरी १७ करोड ५५ लाख के बजेट प्रस्ताव भईल बा ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका के हराभरा बनावे खातिर ५० हजार पौधा रोपेके लक्ष्य लेहल बतावत युवायुवती के नगर भितर नोकरी देवेके ककार्जक्रम भी उ निती तथा कार्जक्रम मे समेटल बा ।

सिम्रौनगढ मे रहल ऐतिहासित, पुरातात्वीक एवम सासकृति महत्व के मठमन्दिरसब के संरक्षणतथा सम्वद्र्धन करे खातिर भी नगरपालिका ठोस रुप से काम अगाडी बढावे मेयर यादव के कहनाम रहे ।

नगरप्रमुख यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्षलोग शंकरप्रसाद गुप्ता, अरबिन्द यादव, दामोदर प्रसाद साह, लेखा अधिकृत सुमेन्द्र चौधरी लगायत स्थानियबासीलोग के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।

कार्जक्रम मे देश के खातिर महत्वपुर्ण योग्दान कईल स्वतन्त्र सेनानी अनुप सहनी के रु ११ हजार नगद फलमाला सहित दोसल्ला ओढा के मेयर यादव सम्मान कईले रहनी ।

कार्जक्रम के संचालन योजना शाखा प्रमुख जितेन्द्र यादव आ प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत हरिओम प्रसाद जसवाल कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।