बारा मे ट्रक के ठोकर से दु जने के मृत्यु

प्रभु यादव

बारा ०८ असाढ

पूर्वपश्चिम राजमार्ग अन्तर्गत बारा के बगरी पुल लगे ट्रक मोटरसाइकल के ठोकर मारला पर दु जने के मृत्यु भईल बा ।

मृत्यु होखेवाला मे निजगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर १० के ३४ बरीस के डम्बर लामा आ उहे जगहा रहेवाला ४० बरीस के रामबहादुर मोक्तान रहल बाडन ।

बारा के प्रहरी निरीक्षक रुद्र कँडेल के मुताविक मोटरसाइकल मे सवार लामा के घट्ना स्थल मे आ मोक्तान के ईलाज के खातिर अस्पताल लेजाए के समय रास्ता मे मृत्यु भईल रहे ।

जितपुर सिमरा उपमहानगररपालिका–१६ स्थित पूर्वपशिचम राजमार्ग अन्तर्गत बंगरी पुल लगे ना ४ ख ८१६५ नम्बर के ट्रक बा ५२ प ३९९० नम्बर के मोटरसाइकल के आजु दिन के ठोकर मरले रहे । ठोकर देवेवाला ट्रक आ डाईबर के पुलीस आपन नियत्रण मे लेहल तथा घटना के समबन्ध मे आउर अनुसन्धान हो रहल उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।