सशस्त्र पुलीस अवैध भारतीय मुर्गामुर्गी नोक्सान कईलख

मेघराज राय
जीराभवानी ०८ असाढ
सशस्त्र पुलीस बिओपी सुबर्णपुर से खटल गस्ती टोली अबैध मुर्गामुर्गी पकड के नोक्सान कईले बा ।
भारत से अबैध रूप मे नेपाल लिया रहल विशेष सुचना के आधार मे जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं १ बलुवा से १६ गो अन्दाजी ४० किलो तइयारी मुर्गामुर्गी बरामद कईले बा ।
बरामद कईल मुर्गामुर्गी बिओपी सुबर्णपुर के अस्थायी क्याम्प बलुवा के स्कुल पछाडि खान्ता खोनके स्थानीय जनप्रतिनिधि, वार्ड नम्बर १ के वार्ड अध्यक्ष शेख नुमान आजम, सशस्त्र प्रहरी, पत्रकार लगायत के रोहबर मे उ मुर्गामुर्गी नोक्सान कईल बीओपि सुबर्णपुर जानकारी देहले बा ।
साथे खुदसब अवैध क्रियाकलाप चोरी तस्करी रोके खातिर हरदम तइयार रहल आ आम जनता, पत्रकार, न्याय प्रेमी से निरन्तर छलफल आ संवाद करके सिमा सुरक्षा आ समाजिक सुरक्षा शान्ति कायम राखे खातिर सभी के सहजोग जरुरी रहल बिओपी सुबर्णपुर के सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक सागर मल्ल बतवनी ।






