ठोरी के वार्ड कार्यालय मे लागल ताला खुलल

वीरगंज ०८ असाढ
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका–१ मे विवादित बनल स्वास्थ्य चौकी भवन निर्माण स्थल छनोट करे खातिर समिति गठन कईल बा ।
वार्ड समिति के बईठक से स्वास्थ्यचौकी बनावेवाला जगहा छनोट करे खातिर गणेशबहादुर बोहरा संयोजक रहेवाला किसिम से १५ सदस्यीय समिति गठन वार्ड अध्यक्ष रामप्रकाश कुँवर जानकारी देहनी ।
समिति गठन करेके सहमति भईला सँगे स्थानीय वार्ड कार्यालय मे एतवार के दिने लगावल गईल ताला भी खोलले रहलन ।
सोमार के बईठक मे जनप्रतिनिधिलोग माग पुरा करेके लिखित प्रतिवद्धता जनईला के बाद वार्ड कार्यालय मे लगावल ताला खोलल स्थानीय सुशील अधिकारी बतवनी ।
एकरा से पहिले सरस्वती खोला के किनार मे स्वास्थ्य चौकी भवन बनावे लागला मे विरोध जनावत स्थानीय वार्ड कार्यालय मे तालाबन्दी कईला के बाद शिलान्यास रुकल रहे ।






