गणपूरक संख्या ना पुगला के बाद जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका के नगरसभा स्थगित

जनकपुरधाम ९ असाढ

विवाद के बीच जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका के मंगर के दिने आयोजना कईल नगर सभा बईठक स्थगित कईल बा ।

नगरसभा के खातिर गणपूरक संख्या ना पुगल कहत नगरपालिका बईठक स्थगित करेके सूचना जारी कईले बा ।

प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत गोपालप्रसाद रेग्मी नगर सभा के गणपूरक संख्या पुगे ना सकला से स्थगित कईल बतवनी । उ अब ई बईठक बुध के दिने बईठेके बतवले बाडन ।

नगर सभा बईठक बईठेवाला दिन मंगर के सबेरे से जनकपुरधाम के कुछ वार्ड अध्यक्ष आ सदस्यलोग उपमहानगरपालिका के कार्यालय अगाडि धर्ना देके नाराबाजी कईले रहलन ।

एकरा से पहिले सोमार के सँझिया बईठल योजना समिति के बईठक मे मेयर लालकिशोर साह आपन मनमौजी योजना बना के हस्ताक्षर करावे लागल कहत वार्ड अध्यक्षलोग विवाद मे उतरल रहलन ।

उ समय मे मेयर पक्षधर आ वार्ड अध्यक्ष आ सदस्यबीच झडप भी भईल रहे । ओकरा बाद वार्ड अध्यक्षलोग एक दर्जन से बेसी कुर्सी भी तोडफोड कईल मेयर पक्षधर बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।