धनुषा आ सप्तरी मे प्रधानमन्त्री के पुत्ला जरल

जनकपुरधाम ९ असाढ
नोपली नागरिक से बियाह करेवाला विदेशी जनानी के ७ बरीस के बाद नागरिकता देवेके प्रावधान के विरोध मे आजु भी प्रदेश २ के जिल्ला मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पुत्ला जरावत प्रदर्शन कईल बा ।
प्रदेश के अस्थायी राजधानी जनकपुरधाम सहित प्रायः सभी जिल्ला मे प्रदर्शन भईल बा ।
प्रदर्शनकारी रोटी बेटी के सम्बन्ध बिगाडे ना मिली, १० अरब से ध्यान हटावे ना लिमी, जनानी उपर विभेद, अत्याचार करे ना मिली जईसन नारा लगवले रहलन ।
जिल्लासब मे मंगर के दिने जनता समाजवादी पार्टी के अगुवाई मे प्रदर्शन भईल बा ।
प्रदर्शनकारी जनकपुरधाम मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पुत्ला जरवले बाडन ।
इहाँ प्रदेश सांसद रामाशिष यादव सहित के सहभागिता मे निकालल बिरोध जुलुस के बाद स्थानीय जनक चोक मे प्रधानमन्त्री के पुत्ला जरावल बा ।
सप्तरी सदरमुकाम राजविराज मे भी प्रधानमन्त्री के पुत्ला जरावल बा ।
स्थानीय जनआन्दोलन चोक मे प्रधानमन्त्री ओली के पुत्ला जरावे के समय मे पुलीस आ प्रदर्शनकारी बीच सामान्य झडप भी भईल रहे ।
राजविराज मे नेपाली कांग्रेस के युवा नेतालोग भी प्रदर्शन कईले बाडन ।
स्थानीय गजेन्द्र चोक मे भेला भईल य्ुवालोग प्लेकार्ड लेके प्रदर्शन कईल युवा नेता इर्साद अन्सारी जानकारी देहनी ।
महोत्तरी सदरमुकाम जलेश्वर मे भी नागरिकता विधेयक विरुद्व प्रदर्शन भईल बा ।
जनता समाजवादी पार्टी के अगुवाई मे निकालल बिरोध जुलुस मे नयाँ वैवाहिक अंगीकृत नागरिकता प्रावधान ना मानेम, रोटीबेटी के सम्बन्ध तुरेके ना मिली जईसन नारा लगवले रहे ।






