प्रदेश २ मे १०३ जने कोरोना संक्रमित थपईलें

वीरगंज १० असाढ
पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश २ मे १ सय ३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सामाजिक विकास मन्त्रालय से देहल जानकारी मुताविक २१ जने जनानी सहित १०३ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
ई सँगे प्रदेश मे संक्रमित के संख्या ३ हजार २०० पुगल बा ।
सब से बेसी संक्रमित रौतहट मे देखल गईल बाडन ।
रौतहट मे ४४ जने, धनुषा मे २० जने, सर्लाही मे २१ जने, महोत्तरी मे १२ आ सप्तरी मे ६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय जनवले बा ।
राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला काठमाण्डु, प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला जनकपुर आ गजेन्द्र नारायण सिंह सगरमाथा अस्पताल राजविराज मे कईल परीक्षण से उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय जनवले बा ।
मन्त्रालय के मुताविक रौतहट के लक्ष्मीनियाँ–५ स्थित श्री शंकर प्रावि आधारभूत विद्यालय के क्वारेन्टिन के ६ जने जनानी सहित २२ जने, ईशनाथ नगरपालिका के ४ जने जनानी सहित २२ जने, धनुषा के मिथिला नगरपालिका के ३ बरीस के एक जने लइकी, दु जने युवती, ८ जने पुरुष, नगराइन नगरपालिका के ७ जने आ बटेश्वर गाँवपालिका के दु जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे, सर्लाही के हरिपूर्वा नगरपालिका के १ जने, विष्णु गाँवपालिका के २ से २६ बरीस समूह के ५ जने जनानी सहित २० जने, महोत्तरी के गौशाला नगरपालिका के ५, लोहरपट्टी नगरपालिका के एक जने जनानी आ एक जने पुरुष, मनरा सिस्वा नगरपालिका के एक जनानी सहित ५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे, सप्तरी के बोदे बसाईन नगरपालिका वार्ड नं. ३ आ ५ के १ जनानी सहित ४ जने, बिहुल बलान नगरपालिका–३ के दु जने पुरुष मे संक्रमण देखल गईल बा ।
अभी तक प्रदेश २ मे ४१ हजार १५१ जने के थ्रोट स्वाब संकलन कईला मे ६ हजार ८१६ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा ।
बुध के दिने मात्र ईलाज के बाद कोरोनामुक्त होके १२५ जने घर फिर्ता भईल बाडन । प्रदेश २ मे कोरोनामुक्त होखेवाला के संख्या १ हजार २३४ पुगलल बा ।






