गाँजा तस्करी मे संलग्न ५ जने ठोरी से पकडईलें

मेघराज राय
जीराभवानी ११ असाढ
सशस्त्र पुलीस लागु औषध गाजा तस्करी (ढुवानी) मे संलग्न ५ जने के पकडले बा । पर्सा के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ नयाँवस्ती से उलोग के घरेलु हथियार सहित सशस्त्र पुलीस बियफे के सबेरे पकडले बा ।
पकडाएवाला मे मकवानपुर के मनहरी गाँवपालिका ६ के ५० बरीस के धनबहादुर तामाङ, २० बरीस के रामबहादुर तामाङ, ४३ बरीस के मङगल सिंह रुम्बा, २१ बरीस के सुवास तामाङ आ २२ बरीस के सुमन तामाङ रहल बाडन ।
मकवानपुर के मनहरी से गाजा लिया के पर्सा के ठोरी गापा ४ नयाँवस्ती मे कारोबारी के गाजा जिम्मा लगाके अटो रिक्सा मे फिर्ता जा रहल समय उलोग के पकडल गईल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक सिंहवीर मल्ल बतवनी ।
ठोरी ४ निर्मल्वस्ती से अटो रिक्सा मे चढ के फिर्ता जा रहल उलोग के शंका लाग के पुछपाछ कईला पर गाजा ढुवानी मे संलग्न रहल खुलला के बाद नियन्त्रण मे लेहल मल्ल जानकारी देहनी ।
उलोग के साथ से एक थान खुकुरी, एक थान खुर्पा, एक थान तराजु, ५ थान मोबाइल सेट, ३ थान टर्चलाईट के साथे नगद ४४ हजार १ सय १० रोपेया भी बरामद भईल मल्ल बतवनी ।
नियन्त्रण मे लेहल पाँचु जने के जरुरी कारबाही आ अनुसन्धान के खातिर पुलीस चौकी सुवर्णपुर मे बुझावल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक मल्ल जानकारी देहनी ।





