मृतक सदा के परिवार के रु पाँच लाख सहजोग

धनुषा, १२ असाढ

प्रदेश २ सरकार जनकपुरस्थित प्रादेशिक अस्पताल के आइसोलेशन मे मृत्यु भईल धनुषा हंसपुर नगरपालिका के राजु सदा के परिवार के रु पाँच लाख सहजोग करेके जनावल गईल बा ।

आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव सदा के परिवार के अन्तरिम राहतस्वरुप पाँच लाख सहजोग करेके आजु जानकारी देहनी ।

घटना के छानबिन करे खातिर गठित समिति काम शुरु कईल आ छानबिन मे दोषी लउकेवाला के कारवाही करेके उ बतवनी ।

बितल जेठ ३ गते भारत के अहमदावाद से आईल सदा गाँव के क्वारेन्टिन मे रहल रहनी ।

१७ दिन तक क्वारेन्टिन मे रहला के बाद उनका पेटझरी भईला के बाद टिप्पर मे बईठाके प्रादेशिक अस्पताल के दुवारी तक लियावल गईल रहे ।

उहें उनकर स्वाब सङ्कलन कईल आ समय मे रिपोर्ट ना अईला के चलते पेटझरी के भी बढिया ईलाज ना मिलला के चलते सोमार के दिने मृत्यु भईल रहे ।

प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम के आइसोलेशन कक्ष मे ईलाज ना मिलला से सदा के मृत्यु भईला के बाद प्रदेश सरकारछानबिन समिति गठन कईले बा ।

समिति सात दिन के म्याद मिलल बा ।

समिति के संयोजक मे स्वास्थ्य निर्देशनालय के निर्देशक हरिश्चन्द्र साह आ सदस्य मे प्रदेश २ के अस्पताल विकास तथा चिकित्सा सेवा के डा नवल किशोर झा आ मन्त्रालय के महाशाखा प्रमुख दिलीपकुमार प्रधान रहल बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।