राष्ट्रिय भिटामिन ए’ कार्जक्रम इहे असाढ २२ आ २३ गते
काठमाण्डु १२ असाढ
स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय कोभिड–१९ के चलते स्थगित ‘राष्ट्रिय भिटामिन ए’ कार्जक्रम फेनु सञ्चालन करेके जनवले बा ।
इहे असाढ २२ आ २३ गते उ कार्जक्रम फेनु सञ्चालन होखेके स्वास्थ्य सेवा विभाग, पोषण शाखा प्रमुख केदार पराजुली जानकारी देहनी ।
कोभिड १९ के चलते बन्दाबन्दी से बितल वैशाख ६ आ ७ गते तय कईल उ कार्जक्रम मन्त्रालय से बितल चईत २१ गते स्थगन कईले रहे ।
‘राष्ट्रिय भिटामिन ए’ कार्जक्रम सँगे जुका के दवाई आ बालभिटा भी खियावल जाला ।
सरकार हरेक बरीस पहिलका चरण कातिक २ आ ३ गते तथा दुसरका चरण वैशाख ६ आ ७ गते करके दु बेर उ कार्जक्रम सञ्चालन करत आ रहल बा ।
छ महिना से ५९ महिना तक के लईकालइकी मे होखे सकेवाला स्वास्थ्य जटिलता तथा कुपोषण के जोखिम न्यूनीकरण करे खातिर २०५३ साल से भिटामिट ए खियावत आ रहल बा ।
हरेक बरीस भिटामिन ए खियावे के कार्जक्रम मे २७ लाख तीन हजार ५२२ लईकालइककी सहभागी होखेलन ।
उहे कार्जक्रम मे लईकालइकी के जुका के दवाई आ बालभिटा भी खियावेके जनस्वास्थ्य निरीक्षक कल्पना पाण्डे जानकारी देहनी ।
जुका के दवाई एक बरीस से पाँच बरीस भितर के २३ लाख ९३ हजार १५२ लईकालइकी के खियावल जाला ।
जुका के दवाई २०५८ साल से हरेक बरीस दु बेर लईकालइकी के खियावल जाला ।
एहितरे १५ बहुसूक्ष्म पोषण तत्व से बनल बालभिटा छ महिना से २३ महिना के लईकालइकी के खियावल जाला ।
बालभिटा २०६६ साल से लईकालइकी के खियावे लागल बा ।
अभी ४१ जिल्ला के लईकालइकी के खियावल जाला । ‘राष्ट्रिय भिटामिन ए’ कार्जक्रम मे देशभर के ५२ हजार स्वास्थ्य स्वयंसेविका मार्फत लईकालइकी के खियावल जाला ।






