सिम्रौनगढ मे भइल मोटरसाइकिल दुर्घटना मे एक जने के मृत्यु
प्रभु यादव
बारा १४ असाढ
भारतीय नम्बर प्लेट भइल दु गो मोटरसाइकल एक दोसरा से टकरइला से सिम्रौनगढ के एक जने के मृत्यु भइल बा ।
बारा के सिम्रौनगढ़ नगरपालिका बीआर ०५ एम ७९५९ आ बीआर ०५ के ६१६२ नम्बर के दुगो भारतीय मोटरसाइकिल एक आपस मे ठोकर लागला से एक जने के मृत्यु भइल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे बीआर ०५ एम ७९५९ नम्बर के मोटरसाइकिल चलावनिहार सिम्रौनगढ़ नगरपालिका वाड नम्बर ७ पर्सा टोला के आफताब आलम रहल बाड़े । दुर्घटना मे पर के आलम गम्भीर घायल भइल रहले ।
उनका के इलाज खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे लियावत समय रास्ते मे ही उनकर मृत्यु हो गईल रहे सिम्रौनगढ़ प्रहरी जानकारी करवले बा ।
दुनु मोटरसाइकिल के प्रहरी नियन्त्रण मे लेहले बा आ दुर्घटना मे परल दोसर मोटरसाइकिल के चलावनीहार फरार भइल बाड़े आ उनकर खोजी हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ़ के प्रहरी निरीक्षक सुरेन्द्र तामाङ जानकारी देहले बाड़े ।






