ठोरी गाँवपालिका अध्यक्ष श्रेष्ठ कईलें दु गो योजना के शिलान्यास

मेघराज राय

जीराभवानी १५ असाढ

पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे आजु दु गो योजना के शिलान्यास कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

ठोरी गाँवपालिका अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ (पिएल) आजु गाँवपालिका के वार्ड नं. ३ के ब्रहमानगर मे शिव मन्दिर के शिलान्यास आ उहे वार्ड के बुधनगर ओडार मे १०१ मिटर सडक आर.सि.सि. ढलान के आजु एगो कार्जक्रम के बिच पुजापाठ करके बिधवत रुप मे शिलान्यास कईले बानी ।

गाँवपालिका के सहजोग मे निर्माण होखे लागल आर.सि.सि. ढलान के खातिर १० लाख के लागत मे उ बने लागल उपभोक्त समिती के अध्यक्ष पुर्णबहादुर बिक बतवनी ।

शिव मन्दिर के खातिर अभी ७ लाख पचास हजार गाँवपालिका उपभोक्त समिति के जिम्मा देहल गाँवपालिका जनवले बा ।

एहितरे मन्दिर के खातिर ७ लाख पचास हजार से ना पुगेवाला भईला से गाँवपालिका अध्यक्ष के जानकारी करावल मन्दिर उपभोक्त समिति के अध्यक्ष रामबहादुर बिष्ट बतवनी ।

ठोरी गाँवपालिका के सभी वार्ड मे गाँवपालिका के लगानी मे बनल गाँवपालिका अध्यक्ष श्रेष्ठ बतवनी ।

शिलान्यास कार्जक्रम मे गाँवपालिका अध्यक्ष पिएल श्रेष्ठ, वार्ड अध्यक्ष सुर्या लामा, जील्ला समन्वय समिति के उपाध्यक्ष ठाकुर न्यौपाने, युवा नेता बालकृष्ण बस्नेत, निमा लामा, नाति काजी सुनार लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

दु गो योजना उपभोक्ता समिति के माध्यम से बनरहल युवा नेता बालकृष्ण बस्नेत बतवनी । शिलान्यास भईल दुनु योजना असाढ मसान्त भितर पुरा करेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।